[the_ad_group id="30365"]

Asian Games 2023: देश के आजु पांच गो पदक मिलल; महिला कबड्डी भारत के दिहलस 100वां मेडल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एशियाई खेल 2023 : एशियाई खेल 2023 में भारत आपन बेहतरीन प्रदर्शन जारी रखले बा। अब महिला कबड्डी इवेंट में स्वर्ण पदक जीत के भारत एगो नया रिकार्ड बनवले बा। बता दीं कि एशियन गेम्स में महिला कबड्डी इवेंट के फाइनल मैच भारत आ चाइनीज ताइपे के बीच भइल रहे। एह रोमांचक मैच के भारतीय महिला कबड्डी टीम 26-25 के अंतर से जीत लिहलस। एशियाई खेल 2023 में भारत के ई सौवां पदक ह।एही कारण से एह पदक के बहुते खास मानल जा रहल बा। एशियाई खेल में भारत आजु ले कबो सौ पदक ना जीतले रहुवे। एशियाई खेल में पदक के मामिला में भारत पहिला बेर शतक बनवले बा।

फाइनल मैच कइसन रहल?

एशियाई खेलन के महिला कबड्डी में भारत आ चीनी ताइपे के बीच खेलल गइल फाइनल मैच के बात कइल जाव तs ई मैच काफी रोमांचक रहल। दुनु टीम के बीच ई मैच बहुते करीबी खेलल गइल। जहाँ कबो भारत तs कबो चीनी ताइपे टीम अगुवाई करत रहे। भारत एह मैच के मजबूत शुरुआत कइलस। शुरू में ही लीड बना लिहलस, लेकिन ओकरा बाद भारतीय महिला टीम रक्षा में आपन लीड गंवावे लागल। पहिला हाफ के बाद भारतीय महिला टीम 14-9 के लीड बना के आगे रहुवे।

दुसरका हाफ के रोमांच

दुसरका हाफ के शुरुआत में भी भारत आपन लीड बनवले रखलस अउरी एक समय में 16-9 के लीड लेके भारत चीनी ताइपे के बहुत पीछे छोड़ दिहलस। बाकिर एहिजा से चीनी ताइपे वापसी कइलस आ भारत के लीड काफी कम कर दिहलस। भारतीय महिला टीम के रक्षात्मक गलती के पूरा फायदा उठावत मैच में वापसी क के 14-16 से खड़ा हो गईल। एहिजा मैच बहुते रोमांचक होखे लागल आ एक समय चीनी ताइपे एह मैच में लीड ले लिहले रहुवे। बाकिर आखिरी समय ले एह रोमांचक मैच में भारत फेरू लीड बना लिहलस आ ओकरा के ना छोड़लस आ आखिर में मैच जीत लिहलस।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]