[the_ad_group id="30365"]

परख सर्वेक्षण: 134 विद्यालयन के छात्र दिहल लो परीक्षा

परख सर्वेक्षण परीक्षा में शामिल परीक्षार्थी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। विद्यालयन में शैक्षणिक गुणवत्ता के परखे खातिर बुध के परख राष्ट्रीय सर्वेक्षण परीक्षा आयोजित कइल गइल। एकरा खातिर 21 ब्लाॅकन के 135 विद्यालयन के चिह्नित कइल गइल रहे। जेमे 134 विद्यालयन के 3796 छात्र परीक्षा में सामिल भइल लो। एमे बेसिक, सीबीएसई, मदरसा बोर्ड आ यूपी बोर्ड के कक्षा तीन, छव आ नव के छात्र परीक्षा दिहल लो।
डायट के प्रशिक्षु फील्ड इन्वेस्टिगेटर के रूप में छात्रन के बौद्धिक क्षमता के सर्वेक्षण कइल लो।

डायट प्राचार्य अभिषेक पांडेय बतवलें कि परीक्षा सकुशल सम्पन्न भइल। सीबीएसई के ओर से परीक्षा में आब्जर्वर लगावल गइल रहे लो। परीक्षा में फील्ड इन्वेस्टिगेटर के रूप में चयनित डायट के 149 प्रशिक्षु आपन कार्य पूरा कइल लो। सर्वेक्षण के उद्देश्य छात्रन के कमियन आ दक्षता के जानल रहे।

सर्वे के परिणाम के आधार पs आगे के शैक्षणिक रणनीतियन के निर्माण कइल जाई। एगो विद्यालय बंद होखला के कारण सर्वेक्षण में सामिल ना हो सकल। मास्टर ट्रेनर के रूप में डायट प्रवक्ता वेद प्रकाश सिंह आ प्रवक्ता प्रेमचंद्र मवजूद रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]