SBI में क्लर्क पद पs निकलल भरती खातीर आवेदन आजु से सुरू, जानीं का बा अप्लाई करे के एलिजिबिलिटी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 7, 2024

अगर रउरा कवनो बैंक में नौकरी के तलाश में बानी तs ई खबर खाली रउरा खातिर बा. भारतीय स्टेट बैंक चंडीगढ़ सर्किल के तहत लेह अवुरी कारगिल घाटी समेत लद्दाख यूटी में जूनियर एसोसिएट्स (कस्टमर

Share

एसबीआई में निकलल जूनियर एसोसिएट्स पदन पs भरती

अगर रउरा कवनो बैंक में नौकरी के तलाश में बानी तs ई खबर खाली रउरा खातिर बा. भारतीय स्टेट बैंक चंडीगढ़ सर्किल के तहत लेह अवुरी कारगिल घाटी समेत लद्दाख यूटी में जूनियर एसोसिएट्स (कस्टमर सपोर्ट एंड सेल्स) खातीर आवेदन आमंत्रित कईले बिया। एs संबंध में अधिसूचना जारी कs दिहल गईल बा। एह बहाली खातिर आवेदन प्रक्रिया आधिकारिक वेबसाइट पs शुरू कs दिहल गइल बा. ध्यान रहे कि इच्छुक उम्मीदवार एs पद खातीर 27 दिसंबर 2024 ले आवेदन कs सकतारे, जवन कि एकरा खातीर अंतिम तारीख बा। 

अब सवाल उठत बा कि एह बहाली खातिर आवेदन करे के एलिजिबिलिटी का बा? तs एह खबर के माध्यम से जानी कि एह बहाली खातिर के आवेदन कs सकेला। 

के आवेदन कs सकेला? 

उम्मीदवार नीचे दिहल अंक के माध्यम से एs बहाली के पात्रता के समझ सकतारे। 

*एह बहाली खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवार के मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से स्नातक होखे के चाहीं. 

*एह बहाली खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवार के न्यूनतम उमिर 20 साल आ अधिकतम उमिर 28 साल होखे के चाहीं. 

*एह संबंध में अउरी जानकारी खातिर उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जा सकेलें. 

आवेदन कईसे कईल जाला? 

उम्मीदवार नीचे दिहल चरण के माध्यम से आपन आवेदन पत्र भर सकतारे। 

*उम्मीदवार पहिले आधिकारिक वेबसाइट पs जाई. 

*एकरा बाद उम्मीदवार संबंधित लिंक पs क्लिक करीं। 

*एकरा बाद उम्मीदवारन के आपन रजिस्ट्रेशन करावे के चाहीं.

*अयीसन कईला के बाद उम्मीदवार के आपन आवेदन पत्र भरे के चाही। 

*आवेदन पत्र भरला के बाद उम्मीदवार सबमिट करीं.

*आखिर में उम्मीदवारन के आवेदन फार्म डाउनलोड कs के प्रिंट आउट लेली.

इहो पढ़ीं : बिहार: दरभंगा में राम विवाह के झांकी पs पथराव, मस्जिद के लगे जमके चलल ईंट-पत्थर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.