Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शराब पी के बीच सड़क लइकी कइली हाई वोल्टेज ड्रामा, लोग के पत्थर ले के दउड़वली

222

यूपी के बांदा में शराब के नशा में धुत एगो लइकी जम के हाई वोल्टेज ड्रामा कइली। एकर वीडियो अब सोशल मीडिया पर तेजी से वायरल हो रहल बा। वायरल वीडियो में साफ दिखाई दे रहल बा कि युवती बीच सड़क पर ड्रामा कर रहल बाड़ी। एह दौरान पुलिस उहां मूकदर्शक बनल नजर आ रहल बा।

लइकी के वजह से घण्टा भर उहां हंगामा होत रहल अउर लोग तमाशा देखत रहलें। एह दौरान युवती ईंट-पत्थर लेकर राहगीरन के मारे खातिर दौड़त भी दिखाई दे रहल बाड़ी। जानकारी के मुताबिक, युवती शहर कोतवाली इलाका के रहे वाली बाड़ी।

पुलिसकर्मी भी बनल रहलें मूक दर्शक

थाना के बाहर मौजूद पुलिसकर्मी लोग भी लइकी के रोके के हिम्मत नाइ दिखवलें। लोग के साथ पुलिस भी घटनास्थल पर मूकदर्शक बनल रहल। अब वीडियो के वायरल होखले के बाद लोग बांदा पुलिस के टैग कs के कार्रवाई के मांग कइलें।

359170cookie-checkशराब पी के बीच सड़क लइकी कइली हाई वोल्टेज ड्रामा, लोग के पत्थर ले के दउड़वली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.