[the_ad_group id="30365"]

शराब पी के बीच सड़क लइकी कइली हाई वोल्टेज ड्रामा, लोग के पत्थर ले के दउड़वली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के बांदा में शराब के नशा में धुत एगो लइकी जम के हाई वोल्टेज ड्रामा कइली। एकर वीडियो अब सोशल मीडिया पर तेजी से वायरल हो रहल बा। वायरल वीडियो में साफ दिखाई दे रहल बा कि युवती बीच सड़क पर ड्रामा कर रहल बाड़ी। एह दौरान पुलिस उहां मूकदर्शक बनल नजर आ रहल बा।

लइकी के वजह से घण्टा भर उहां हंगामा होत रहल अउर लोग तमाशा देखत रहलें। एह दौरान युवती ईंट-पत्थर लेकर राहगीरन के मारे खातिर दौड़त भी दिखाई दे रहल बाड़ी। जानकारी के मुताबिक, युवती शहर कोतवाली इलाका के रहे वाली बाड़ी।

पुलिसकर्मी भी बनल रहलें मूक दर्शक

थाना के बाहर मौजूद पुलिसकर्मी लोग भी लइकी के रोके के हिम्मत नाइ दिखवलें। लोग के साथ पुलिस भी घटनास्थल पर मूकदर्शक बनल रहल। अब वीडियो के वायरल होखले के बाद लोग बांदा पुलिस के टैग कs के कार्रवाई के मांग कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]