Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP: रेलवे चलवलस आठ गो स्पेशल ट्रेन, दिवाली प जाये आ वापस लवटला खातिर मिली सीट, ई रहल पूरा जानकारी

दिवाली आ छठ पूजा प यात्रियन के सहूलियत खातिर रेलवे आठ गो स्पेशल ट्रेन चलवले बिया। उत्तर मध्य रेलवे के सीपीआरओ हिमांशु शेखर उपाध्याय बतवले कि रेलवे जरूरत के हिसाब से यात्रियन के बढ़त लोड के मद्देनजर ई फसीला लेले बा। 

278

रेलवे दिवाली आ छठ पूजा प लमहर वेटिंग के मद्देनजर आठ स्पेशल ट्रेनें चलाने का फैसला लिया है। एह ट्रेनन के चलला से यात्रियन के कन्फर्म सीट मिल सकी। उत्तर मध्य रेलवे के सीपीआरओ हिमांशु शेखर उपाध्याय बतवले कि रेलवे जरूरत के हिसाब से यात्रियन के बढ़त लोड के मद्देनजर ई फसीला लेले बा।

ई ट्रेन चलिहे सs

दिल्ली-पटना (04072/71) 21 आ 29 अक्टूबर के दुनो छोर से चली।
नई दिल्ली-पटना (02250/49) 22, 25 आ 27 अक्टूबर के दिल्ली से आ 23, 26 अक्तूबर आ एक नवंबर के पटना से चली।
दिल्ली-पटना (04018/17) 28 अक्टूबर के दुनो तरफ से चली।
दिल्ली-भागलपुर (04058/57) 23 आ 26 अक्टूबर के दुनो तरफ से चली।
दिल्ली-भागलपुर 21 आ 25 अक्टूबर के दिल्ली से आ भागलपुर से 22 आ 26 अक्टूबर के चली
दिल्ली-भागलपुर (04064/63) 22 अक्टूबर के दुनो ओर से चली।
दिल्ली-भागलपुर (04036/35) 28 अक्टूबर के दुनो तरफ से चली।
दानापुर-कोटा (09817/18) 22 आ 27 अक्तूबर के दुनो तरफ से चली।

359290cookie-checkUP: रेलवे चलवलस आठ गो स्पेशल ट्रेन, दिवाली प जाये आ वापस लवटला खातिर मिली सीट, ई रहल पूरा जानकारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.