[the_ad_group id="30365"]

Share Market Closing: लगातार तीसरा दिन बाजार में रहल गिरावट, सेंसेक्स 542 आ निफ्टी 144 अंक टूटके बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हफ्ता के चउथा कारोबारी दिन बियफे 3 अगस्त के शेयर बाजार एक बेर फेर से लाल निशान पs बंद भइल। ई लगातार तीसरा दिन बा जब बाजार में गिरावट दर्ज कइल गइल बा। आज सेंसेक्स 542.10 अंक गिरके 65,240.68 पs बंद भइल। निफ्टी 50, आज 144.90 अंक गिरके 19,381.65 पs बंद भइल।

बैंक निफ्टी आज 482 अंक टूटके 44,513 पs बंद भइल। गिरावट के बीच आज BSE मिड आ स्मॉल कैप के शेयरन में तेजी देखे के मिली। BSE मिड कैप 41 अंक चढ़के 29,967 पs बंद भइल तs ओहिजा BSE स्मॉल कैप 80 अंक चढ़के 34,841 पs बंद भइल।

सेंसेक्स के टॉप गेनर आ लूजर

इंफोसिस, जेएसडब्ल्यू स्टील, एनटीपीसी आ पावर ग्रिड आज टॉप गेनर रहल।

ओहिजा टाइटन, बजाज फिनसर्व, आईसीआईसीआई बैंक, नेस्ले, अल्ट्राटेक सीमेंट, बजाज फाइनेंस, मारुति, टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज, इंडसइंड बैंक आ भारतीय स्टेट बैंक आज टॉप लूजर रहल।

निफ्टी के टॉप गेनर आ लूजर

अदाणी एंटरप्राइजेज, अदाणी पोर्ट्स, आईसर मोटर्स, डीविस लैब, इंफोसिस, ग्रासिम, सन फार्मा, एनटीपीसी, LTIMindtree, पावर ग्रिड कॉर्प, JSW स्टील के शेयर आज टॉप गेनर रहल।

ओहिजा यूपीएल, टाटाइन, आईसीआईसीआई बैंक, ओएनजीसी, बजाज फिन्सर्व, कोल इंडिया, अल्ट्राटेक सीमेंट, नेस्ले, एचडीएफसी लाइफ, हीरो मोटोकॉर्प, एसबीआई के शेयर टॉप लूजर रहल।

कइसन रहल आउर बाजारन के हाल?

एशियाई बाजारन में, सियोल, टोक्यो आ हांगकांग नकारात्मक क्षेत्र में बंद भइल जबकि शंघाई हरियर निशान में बंद भइल। यूरोपीय बाजार लाल निशान में कारोबार करत रहे।

फिच रेटिंग्स द्वारा अमेरिकी सरकार के क्रेडिट रेटिंग में एक स्तर के कटौती के बाद अमेरिकी बाजार गिरावट के संगे बंद भइल।

सस्ता भइल कच्चा तेल

वैश्विक तेल बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 0.46 प्रतिशत गिरके 82.82 अमेरिकी डॉलर प्रति बैरल पs आ गइल। एक्सचेंज डेटा के मोताबिक, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) बिहान माने बुध के 1,877.84 करोड़ रुपिया के इक्विटी बेचलस।

13 साल के उच्चतम स्तर पs पहुंचल सर्विस सेक्टर

एगो मासिक सर्वेक्षण के मोताबबिक भारत के सर्विस सेक्टर में बढ़न्ती जुलाई में 13 साल के उच्चतम स्तर पs पहुंच गइल। मांग के इस्थिति में पर्याप्त सुधार आ अंतरराष्ट्रीय बिक्री में तेजी के कारण नया कारोबार आ उत्पादन में सबसे मजबूत बढ़न्ती भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]