[the_ad_group id="30365"]

शेयर बाजारी के धमाकेदार ओपनिंग, सेंसेक्स 548 अंक भ‌‌इल रॉकेट, निफ्टी 21600 के पार खुलल, ई स्टॉक चमकल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सप्ताह के आखिर सत्र में घरेलू शेयर बाजार सुक के धमाकेदार बढ़त के साथे सुरुआत क‌इल। बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज यानी बीएसई के बेंचमार्क सेंसेक्स आजु सुबेरे 9 बजके 15 मिनट पs 547.69 अंक के जोरदार उछाल के साथे  71734.55 के लेवल पs कारोबार के सुरुआत करत दिखल। एही तरही, नेशनल स्टॉक एक्सचेंज कs बेंचमार्क निफ्टी 151.35 अंक उछल के 21613.60 के लेवल पs ओपन भ‌इल। निफ्टी बैंक में जबरदस्त तेजी देखे के मिलल। निफ्टी बैंक 438 अंक के जोरदार बढ़त के साथे 46151.55 के लेवल पs कारोबार करत देखल ग‌इल। आईटी, मेटल, बैंक आ पूंजीगत सामान सभे सेक्टर के स्टॉम में 1 प्रतिशत के बढ़त के साथे सजो क्षेत्रीय सूचकांक हरीअर रंग में कारोबार करत बांटे।

प्री-ओपनिंग में क‌s दिहले रहे धमाका

घरेलू शेयर बाजार सुक के अपने प्री-ओपनिंग सेशन में माने सुबहींए 9 बजे धमाकेदार आगाज क‌ई दिहले रहल। सुबह सेंसेक्स 1012.59 अंक के सानदार बढ़त के साथे 72199.45 के लेवल पs कारोबार करत दिखल रहे। एही तरह, निफ्टी 255.80 अंक के बढ़त के साथे 21718.10 के लेवल पs कारोबार करत रहे।

एह स्टॉक्स में हलचल

कोल इंडिया के शेयर 2.5% बढ़ के 384.90 रुपिया के लेवल पs चल ग‌इल। स्टॉक टेक महिंद्रा के पछाड़ के निफ्टी 50 में टॉप गेनर बन ग‌इल। टेक महिंद्रा के शेयर करीब 3.2% बढ़ के 1,397.85 रुपिया पs पहुंच ग‍इल। ई स्टॉक निफ्टी 50 में टॉप गेनर रहल। शुरुआत कारोबार घंटन में निफ्टी 50 में आयशर मोटर्स, टेक महिंद्रा, एचसीएल टेक, टीसीएस आ टाइटन शीर्ष पs रहल। जबके निफ्टी 50 में इंडसइंड बैंक एकमात्रे नुकसान में रहल।

इंटरनेशनल मार्केट में क‌इसन रहे ट्रेंड

एशियाई मार्केट में औसत एक प्रतिशत के बढ़त देखल ग‌इल हs। हालांकि अमेरिकी मार्केट में तीन दिने के कमजोरी के बादे रौनक देखे के मिलल। सकारात्मक वैश्विक संकेत से घरेलू बाजार के धारणा के बल मिलल। जापान के निक्केई 225 1.4 प्रतिशत आ टॉपिक्स 0.98 प्रतिशत चढ़ल। एही तरही, कारोबार के दौरान दक्षिण कोरिया के कोस्पी 1.14 फीसदी उछलल, जबके कोस्डैक 1.37 फीसदी चढ़ल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]