[the_ad_group id="30365"]

Gold Silver Price Today : घट गइल सोना के भाव, चांदी में भी आइल गिरावट, जानीं का रह गइल बा रेट्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Gold Silver Price Today : मंगल के दिने सोना चांदी के दाम में गिरावट देखल जा रहल बा। सुरुआती कारोबार में एमसीएक्स एक्सचेंज में सोना के गिरावट के संगे कारोबार होखत देखल गईल। 5 फरवरी 2024 के डिलीवरी खातिर सोना के दाम 62,485 रुपिया प्रति 10 ग्राम पs चलत देखल गइल जवन 0.12 फीसदी यानी 74 रुपिया घटल। सोना के संगे चांदी के घरेलू वायदा दाम भी नीचे के ओर बढ़त देखाई देता। एमसीएक्स एक्सचेंज में 5 मार्च 2024 के डिलीवरी खातिर सिल्वर के दाम 0.17 प्रतिशत यानी 126 रुपिया के गिरावट के संगे 72,501 रुपिया प्रति किलो के दर से कारोबार भईल। चांदी के वैश्विक दाम में भी गिरावट देखल गईल बा।

सोना के वैश्विक कीमत

वैश्विक बाजार के बात कईल जाए तs मंगल के सबेरे सोना के हाजिर दाम में बढ़ोतरी अवुरी वायदा दाम में गिरावट के संगे कारोबार होखत देखाई देलस। कॉमेक्स पs सोना के वायदा दाम 2053 डॉलर प्रति औंस पs कारोबार करत देखल गइल जवना में 0.07 फीसदी भा 1.40 डॉलर के बढ़ोतरी भइल। एकरा साथे साथ सोना के वैश्विक हाजिर दाम 2049.68 डॉलर प्रति औंस पs कारोबार करत देखल गइल जवन 0.33 फीसदी भा 6.87 डॉलर के गिरावट के साथे रहल।

चांदी के वैश्विक कीमत

मंगल के सबेरे वैश्विक स्तर पs चांदी के दाम में गिरावट आईल। मंगल के सबेरे चांदी के वैश्विक वायदा दाम 23.31 डॉलर प्रति औंस पs कारोबार कइलस जवन 0.10 फीसदी भा 0.02 डॉलर गिर गइल। एकरा साथे ही चांदी के वैश्विक हाजिर दाम 23.14 डॉलर प्रति औंस पs कारोबार करत देखल गइल जवना में 0.35 फीसदी भा 0.08 डॉलर के गिरावट आइल।

कच्चा तेल में उछाल

मंगल के सबेरे कच्चा तेल के दाम में बढ़ोतरी भईल। ब्रेंट ऑयल फ्यूचर्स के वायदा 78.34 डॉलर प्रति बैरल पs कारोबार कइल गइल जवन 0.23 फीसदी भा 0.18 डॉलर बढ़ल। एकरा साथे ही कच्चा तेल के डब्ल्यूटीआई 0.15 प्रतिशत यानी 0.11 डॉलर के बढ़ोतरी के संगे 72.72 डॉलर प्रति बैरल के दर से कारोबार करत देखाई देलस।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]