[the_ad_group id="30365"]

सेंसेक्स में 800 अंक से जादे के तेजी : निफ्टियो 250 अंक से जादे चढ़ल, SBI के शेयर में 5% के बढ़त

share market
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेयर बाजार में आज माने बियफे, छव जून के तेजी देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स 800 अंक से जादे के तेजी के संगे 75,200 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। ओहिजा, निफ्टी में 250 अंक से जादे के बढ़त बा। ई 22,900 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा।

सुरुआती कारोबार के दौरान सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 26 में बढ़त आ चार में गिरावट देखे के मिल रहल बा। आज सरकारी (PSU) बैंक आ रियलिटी शेयरन में जादे तेजी देखे के मिल रहल बा।SBI के शेयर में 5% के बढ़त बा।

निवेशकन के बाजार पs भरोसा बढ़ल

एक बेर फेर NDA के बहुमत मिले आ नरेंद्र मोदी के बहुमत दल के नेता चुनल गइला के बाद निवेशकन के बाजार पs भरोसा बढ़ल बा। अब निवेशक फेर खरीदी कs रहल बा लो, एसे बाजार के सपोर्ट मिल रहल बा। नरेंद्र मोदी आठ जून के लगातार तीसरका बेर प्रधानमंत्री पद के शपथ ले सकत बाड़ें।

अमेरिकी बाजार में रहल तेजी

बुध के अमेरिकी बाजार में तेजी देखे के मिलल। डाओ जोंस 0.25% चढ़के 38,807.33 पs बंद भइल। ओहिजा, S&P 1.18% चढ़के 5,354.03 आ नैस्डेक 1.96% चढ़के 17,187.91 पs बंद भइल। ओहिजा, एशियाई बाजारन में आज बढ़त देखे के मिल रहल बा।

NSE के वर्ल्ड रिकॉर्ड, 6.15 घंटा में 1971 करोड़ ऑर्डर
देस के सबसे बड़े एक्सचेंज NSE बुध के सबेरे 9:15 से दुपहरिया 3:30 बजे तक 1971 करोड़ ऑर्डर आ 28.05 करोड़ ट्रेड के प्रोसेस कइल। ई एक दिन में ट्रांजेक्शन के वर्ल्ड रिकॉर्ड बा।

बिहान बाजार में रहल ले 3% से जादे के बढ़त

एकरा पहिले बिहान माने पांच जून के सेंसेक्स 2,303 अंक (3.20%) के तेजी के संगे 74,382 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टी में 735 अंक (3.36%) के बढ़त रहल। ई 22,620.35 के स्तर पs बंद भइल रहे।

चार जून के सेंसेक्स 4389 अंक (5.74%) के गिरावट के संगे 72,079 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टी में 1,379 अंक (5.93%) के गिरावट रहल, ई 21,884 के स्तर पs बंद भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]