Ghazipur News: जयमाल स्टेज पs चढ़ला के लेके चलल लाठी-डंडा, दुल्हिन के बियाह से इन्कार

Ghazipur news : प्रतीकात्मक तस्वीर

Share

Ghazipur News:  जनपद के शादियाबाद क्षेत्र के कस्बा कोईरी गांव में बीतल रात आइल बारात में जयमाल स्टेज पs चढ़ला के लेके घराती आ बाराती आपस में भिड़ गइल लो। विवाद पनपला से बवाल हो गइल आ कन्या पक्ष बियाह से इंकार कs देलस आ दूल्हा पक्ष के बंधक बना लिहल। कहासुनी के बाद जमके लाठी डंडे चलल।

जानकारी के मोताबिक कोईरी गांव निवासिनी लक्ष्मी कुमारी पुत्री बैजनाथ के घर पs बीतल रात आजमगढ़ के जहानागंज से रितेश पुत्र स्व. राजेश बरात लेके आइल रहे। एह बीच उहां सारा रस्म होखला के बाद जयमाल के कार्यक्रम सुरू भइल। ओहि समय आसिरबाद देवे खातिर कन्या पक्ष से एगो महिला स्टेज पs चढ़ गइली। ई बात बरातियन के नागवार गुजरल आ ऊ लोग विरोध कइल। जवना के बाद दुल्हिन आ दूल्हा पक्ष के बीच गाली गलौज के संगही कहासुनी के बाद जमके लाठी डंडा चलल।

Ghazipur News: दुल्हिन काट देलस बियाह

ई देखके दुल्हिन बियाह काट देलस। बियाह से मना करतही कन्या पक्ष के लोग दूल्हा के बंधक बना लिहल। एकरा बाद मवका पs पहुंचल, पुलिस दुनो पक्षन के लेके थाना लेके आइल। एकरा बाद बराती पक्ष के लोग दुल्हिन के समझावे के प्रयास कइलस बाकिर ऊ बियाह खातिर तइयार नइखे भइल। जवना के बाद दुपहरिया तक पंचायत भइल आ दुल्हिन पक्ष के ओर से दिहल गइल नकदी आ भोजन में खर्च रूपिया के दूल्हा पक्ष के ओर से देवे के सरत पs सभे के जाये दिहल गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-