Pan Card Update: Pan 2.0 के बाद का बेकार हो जाई पुरान कार्ड?

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2024

    केंद्र सरकार Pan 2.0 प्रणाली के लागू करे खातिर 1435 करोड़ रुपया के योजना के मंजूरी देले बिया। एह नया सिस्टम के मकसद मौजूदा Pan कार्ड के डिजिटल तरीका से अपग्रेड कइल, कर

Share

PAN 2.0

 

 

केंद्र सरकार Pan 2.0 प्रणाली के लागू करे खातिर 1435 करोड़ रुपया के योजना के मंजूरी देले बिया। एह नया सिस्टम के मकसद मौजूदा Pan कार्ड के डिजिटल तरीका से अपग्रेड कइल, कर प्रक्रिया के अउरी पारदर्शी बनावल, आ वित्तीय लेनदेन के सुरक्षित बनावल बा. मौजूदा पैन कार्ड धारक के चिंता करे के जरूरत नईखे, काहेंकी उनुकर कार्ड वैध रही।

Pan 2.0 का हs 

Pan 2.0 मौजूदा स्थायी खाता संख्या (पैन) सिस्टम के अपग्रेड संस्करण हवे। एह नया सिस्टम से डिजिटल सुरक्षा मजबूत होखी आ करदाता लोग खातिर कागज रहित प्रक्रिया के बढ़ावा मिली. एकरा तहत ई-पैन अनिवार्य कs दिहल जाई, जवना के माध्यम से आपके पैन नंबर तुरंत अवुरी डिजिटल रूप में मिल जाई।

Pan 2.0 के मुख्य विशेषता 

डिजिटल सुरक्षा में सुधार ,Pan 2.0 में डेटा चोरी अवुरी धोखाधड़ी के रोके खातीर अत्याधुनिक सुरक्षित उपाय दिहल जाई। एहसे डिजिटल लेनदेन सुरक्षित हो जाई आ पैन कार्ड सिस्टम फुलप्रूफ हो जाई.

सरकार के उद्देश्य 

एह पहल के मुख्य उद्देश्य डिजिटल इंडिया मिशन के मजबूत कइल आ करदाता लोग खातिर सुविधाजनक माहौल बनावल बा. सरकार Pan कार्ड के सगरी वित्तीय लेनदेन से जोड़ के कर चोरी पs लगाम लगावल चाहत बिया.

भविष्य में बदलाव के दिशा 

Pan 2.0 सिस्टम भारत के कर प्रणाली के एगो नया दिशा में ले जाई। एहमें वित्तीय डेटा के डिजिटल एकीकरण से ना खाली प्रक्रिया तेज हो जाई, बलुक करदाता लोग के आपन जिम्मेदारी निभावे में भी आसानी होई। सरकार के इs कदम फिनटेक अवुरी बैंकिंग क्षेत्र में बड़ बदलाव के संकेत देता।

आईपीएल 2025: मेगा नीलामी में टूटल कइयन गो रिकॉर्ड, 13 साल के खिलाड़ी पs लागल बोली

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.