[the_ad_group id="30365"]

लापरवाह ठेकेदारन के हैसियत प्रमाण पत्र निरस्त कइल जाव: डीएम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

50 लाख रुपया से अधिक लागत के कार्य के डीएम मंगर के समीक्षा कइलें। कलेक्ट्रेट सभागार में भइल बैठक में डीएम जौने ठेकेदार के काम के प्रगति धीरा बा चाहे संतोषजनक नाइ बा, उनकर हैसियत प्रमाण पत्र निरस्त करे के निर्देश दिहलें।

बैठक के अध्यक्षता करत डीएम एस. राजलिंगम राजकीय मेडिकल कॉलेज के निर्माण के प्रगति संतोषजनक न होखले पर संबंधित कंपनी पीएसपी प्रोजेक्ट के प्रतिनिधि के कार्य में तीव्रता लावे के निर्देश दिहलें। जिला शिक्षा अउरी प्रशिक्षण संस्थान के निर्माण के काम के बारे में यूपीपीसीएल के प्रतिनिधि बतवलें कि ऑडिटोरियम भवन के फिनिशिंग के काम चलsता। काम जल्दिए पूरा कs लिहल जाई।

एह पर डीएम सब लटकल निर्माण कार्य के समयावधि के अंदर पूरा कs लिहलें के निर्देश दिहलें। उ कहलें कि अगर ठेकेदार के स्तर से कार्य के रफ्तार धीरा बा चाहे कार्य के प्रगति संतोषजनक नाइ बा त उनके हैसियत प्रमाणपत्र रद्द क देहल जाव। निर्माण कार्य के जल्दी पूरा कइल जाव।

एह बैठक में सीडीओ गुंजन द्विवेदी, जिला अर्थ एवं संख्याधिकारी मोहम्मद नासेह, श्रवण कुमार सिंह, सीएमओ डॉ. सुरेश पटारिया अउरी सब संबंधित विभाग के अधिकारी मौजूद रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]