[the_ad_group id="30365"]

कसया सीएचसी में एंबुलेंस नाइ मिलले पs भइल हंगामा, पुलिस समझा बुझा के भेजलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कसया थाना क्षेत्र के बनवारी टोला बाजार के लग्गे देवरिया मार्ग पर मंगर के शाम करीब सात बजे पिकअप के चपेट में आ के बाइक सवार युवक घाही हो गइलें। आसपास के लोग युवक के कसया सीएचसी पs पहुंचा के परिजन के सूचना देहलें। सीएचसी पs प्राथमिक उपचार के बाद डॉक्टर घाही आदमी के जिला अस्पताल रेफर कs देहलस।

युवक के जिला अस्पताल ले जाए खातिर सीएचसी पर एंबुलेंस नाइ मिलल। एकरे बाद परिजन उहां हंगामा शुरू कs दिहल। सूचना पर पहुंचल पुलिस लोग के समझाबुझा के घायल के प्राइवेट एंबुलेंस से जिला अस्पताल भेजववलें।

कसया थाना क्षेत्र के अनुरुधवा निवासी श्याम बिहारी सिंह (45) बनवारी टोला के पास बाइक से आपन खेत देखे गइल रहनें। उहां से देवरिया मार्ग से घर लौटत रहने। तब्बे पीछे से आ रहल पिकअप के चालक ओवरटेक कइले में जल्दबाजी कइलस आ पिकअप के चपेट में बाइक आ गइल। श्याम बिहारी सड़क पर गिर गइलें। घटना के बाद पिकअप खड़ा कsके ड्राइवर भाग गइल। आसपास के लोग कौनो तरे से घायल श्याम बिहारी के कसया सीएचसी पर पहुंचवलें । उहां हालत गंभीर बतावत डॉक्टर उनके जिला अस्पताल रेफर क देहलें।

घटना के जानकारी पा के सीएचसी पहुंचल परिजन एंबुलेंस खातिर 108 नंबर पs काल कइलें। काफी देर ले एंबुलेंस नाइ पहुंचल। एहसे नाराज परिजन लोग सीएचसी में हंगामा शुरू कs दिहल। एकर सूचना पवते पुलिस प्राइवेट एंबुलेंस से घायल के जिला अस्पताल भेजलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]