[the_ad_group id="30365"]

चंद्रबाबू नायडू के रोड शो में भगदड़, 8 के मौत:धक्का-मुक्की में सीमेंट के रेलिंग टूटी, कइयन लोग नहर में गिरल; 10 अस्पताल में भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आंध्र प्रदेश के नेल्लोर जिला में चंद्रबाबू नायडू के रोड शो में बुध के भगदड़ मच गइल। एमे एगो महिला समेत 8 लोगन के मौत हो गइल। 10 लोग घायल हो गइल। घटना ओह समय भइल, जब कुंदुकुर में बुध के सांझ के नायडू के तेलुगू देशम पार्टी के रोड शो होत रहे। एह दौरान भगदड़ मच गइल। सब घायलन के स्थानीय अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि रोड शो के दौरान नायडू के एगो झलक पावे खातिर भीड़ उमड़ पड़ल। भगदड़ के दौरान सीमेंट के रेलिंग टूट गइल आ कइयन गो लोग नहर में गिर गइल।

हादसा के बाद TDP के राष्ट्रीय महासचिव आ नायडू के बेटा नारा लोकेश एगो ट्वीट में लिखलें- टीडीपी कार्यकर्ता लोगन के मौत पार्टी खातिर एगो बड़ी क्षति बा। ओह लोगन के परिवारन के प्रति हमार संवेदना बा। घायलन के बेहतर इलाज के व्यवस्था कइल गइल बा। ऊ कहलें- हम ओह लोगन के ठीक होने के प्रार्थना करत बानी। तेलुगु देशम पार्टी मृतकन के परिवारन के हर तरह से सहायता करी। ओह लोग के 10-10 लाख के आर्थिक सहायता आ ओह लोगन के लईकन के फ्री शिक्षा दिहल जाई।

नायडू के बेटा जल्दिये सुरू करिहें पदयात्रा

पिछला कुछ दिनन से, नायडू राज्य में वाईएसआरसीपी सरकार के विरोध करे खातिर एगो अभियान चला रहल बाड़ें। जनवरी में, नायडू के बेटा, नारा लोकेश राज्य के नवहन अपना साथे जोड़े खातिर 4,000 किलोमीटर के पदयात्रा सुरू करिहें।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]