[the_ad_group id="30365"]

पटना के दीघा थानेदार राजकुमार पांडेय लाइन हाजिर: रिटायर्ड डीएसपी के केस ना लेला पs एसएसपी लेलें एक्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना के दीघा थाना के थानाध्यक्ष राजकुमार पांडेय के एसएसपी राजीव मिश्रा लाइन हाजिर कs देलें बाडें। मामला रिटायर डीएसपी के मोबाइल चाेरी से जुड़ल बा। थानाध्यक्ष पs मोबाइल चोरी होखला के बाद केस दर्ज ना करे के लेके कार्रवाई कइल गइल बा।

समूचा ममिला पिछला साल चैती छठ के हs। चैती छठ के मवका पs रिटायर डीएसपी के मोबाइल चाेरी भइल रहे। एकरा बाद रिटायर डीएसपी दीघा थाना ममिला दर्ज करे पहुंचलें। लिखित शिकायत देला के बादो उनकर ममिला दर्ज ना भइल। एकरा बाद रिटायर डीएसपी आईजी राकेश राठी से एकर शिकायत कs देलें।

आईजी थानेदार के शाे काॅज कइलें। ममिला के जांच कइल गइल। जांच में राजकुमार पांडेय दोषी पावल गइलें। ओकरा बाद आईजी के आदेस पs एसएसपी दीघा थानेदार के अतवार के लाइन हाजिर कs देलें। एसएसपी राजीव मिश्रा बतवलें कि दीघा थानेदार के लाइन हाजिर कs दिहल गइल बा। उनका जगह पs ओहि थाना के अपर थानेदार शंभु कुमार के थाना के प्रभारी थानेदार बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]