[the_ad_group id="30365"]

श्रीनगर में सियासी संग्राम : मेहराज मलिक के गिरफ्तारी के खिलाफ श्रीनगर पहुंचलें संजय सिंह, पुलिस कइलस नजरबंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। आम आदमी पार्टी (आप) के विधायक मेहराज मलिक के गिरफ्तारी के खिलाफ श्रीनगर पहुंचल आप सांसद संजय सिंह के सरकारी गेस्ट में नजरबंद (Sanjay Singh Detained) कs दिहल गइल। एकरा से जम्मू-कश्मीर में सियासी पारा चढ़ गइल बा। संजय सिंह कहलें कि ‘तानाशाही चरम पs बा। हमनी के एह समय श्रीनगर में बानी सs। लोकतंत्र में हक खातिर आवाज उठावल, आंदोलन कइल हमनी के संवैधानिक अधिकार हs।’ ओहिजा, नेशनल कॉन्फ्रेंस (नेकॉ) के अध्यक्ष फारूक अब्दुल्ला आप सांसद संजय सिंह से मिले पहुंचल बाड़ें।

आप सांसद संजय सिंह आगे कहलें कि ‘आज मेहराज मलिक के अवैध गिरफ्तारी के खिलाफ श्रीनगर में प्रेस कांफ्रेंस आ धरना रहे, बाकिर सरकारी गेस्ट हाउस के पुलिस छावनी बना दिहल गइल बा। हमरा आउर दिल्ली सरकार में मंत्री रहल इमरान हुसैन आ आउर साथियन के गेस्ट हाउस से बाहर निकले के इजाजत नइखे दिहल गइल।’

ई बा ममिला

विधायक मेहराज मलिक के गिरफ्तारी के मुद्दा पs जम्मू-कश्मीर के डोडा में तनावपूर्ण शांति बा। एहतियात के तौर पs प्रशासन मंगर के रात से निषेधाज्ञा लागू कs दिहल गइल रहे। बुध के एह प्रतिबंधन के दायरा भद्रवाह तक बढ़ा दिहल गइल रहे। एह बीच, जम्मू पहुंचल पार्टी के सांसद संजय सिंह मेहराज के पीएसए के तहत गिरफ्तारी के अवैध आ असंवैधानिक करार देलें।

मेहराज पs ई आरोप

मेहराज मलिक पs अफवाह फइलावे, आतंकियन के महिमामंडन करे, महिला के खिलाफ अभद्र भाषा के इस्तेमाल करे, डोडा के उपायुक्त हरविंदर सिंह के अपशब्द कहे आ सरकारी अस्पताल के कार्य में बाधा डाले के आरोप बा। उनका के आठ सितंबर के पीएसए के तहत गिरफ्तार कs के कठुआ जिला जेल भेज दिहल गइल। एकरा बाद उनकर समर्थक डोडा जिला में कइयन जगह उग्र प्रदर्शन कइल लोग। पुलिस पs पथराव कइल। एमे दूगो अधिकारियन सहित कम से कम आठ पुलिसकर्मी घायल भइल बा। पुलिस से झड़प में पांच प्रदर्शनकारी जख्मी भइल बा।

Read Also: IND vs UAE : मात्र 27 गेना में लक्ष्‍य हासिल कs के भारत रचलस इतिहास, दर्ज कइलस T20I के सबसे बड़ जीत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]