[the_ad_group id="30365"]

Nepal Protest : नेपाल के पूर्व पीएम के घरे में बनल सुरंग से कैश-सोना बरामद, चउथा दिने रक्सौल बॉर्डर पऽ आवाजाही बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। नेपाल में जारी जेनजी आंदोलन के प्रभाव लगातार चउथा दिन नेपाल पऽ प्रभावी रहल। आंदोलन के आग से नेपाल पूरा तरे अभी आजाद नइखे हो पाइल।

लगातार चउथा दिन निषेधाज्ञा के साथे नेपाल के प्रमुख मार्ग आ शहर में कर्फ्यू लागू रहल। एह कारण भारत के बिहार से होके नेपाल में प्रवेश करे के सब रास्तन पऽ विदेशी नागरिकन के आवाजाही पs पूरा तरे से प्रतिबंध बा।

एह बीच नेपाल के ओइसन लोग जे कवनो कारण से भारत आ आउर देसन से स्वदेश लौटत बा, ओकरा खातिर एडवाइजरी जारी कइल गइल बा। नेपाल से सटल पूर्वी चंपारण के रक्सौल बॉर्डर से नेपाल में ओहि लोगन के प्रवेश मिलत बा, जे या तs बेमार बा भा  फेर कवनो आउर आपात इस्थिति में नेपाल के ओर लवटल चाहत बा।

ओकरा नेपाल सशस्त्र सीमा बल आ सेना के अधिकारियन के स्तर पऽ जांच के बाद अपना देस में प्रवेश मिलत बा। सूत्रन के मोताबिक करीब तीन लाख से जादे भारतीय लोग नेपाल के अलग-अलग इलाकन में फंसल बा। ई ऊ लोग हs जे नेपाल इस्थित अपना रिश्तेदारन किहां भा पर्यटन के लिहाज से नेपाल गइल बा।

ओहिजा, नेपाल के पूर्व प्रधानमंत्री शेरबहादुर देउवा के काठमांडू इस्थित आवास में बनल गुप्त सुरंग में बोरी में भरके रखल गइल कैश आ सोना बरामद होखे के सूचना बा। सूत्रन के अनुसार घर के नीचे सुरंगनुमा तहखाना बनल रहल। एह सुरंग तक आंदोलनकारी ना पहुंच सकल रहे लोग। आंदोलनकारियन के हमला में देउवा आ उनकर पत्नी जख्मी हो गइल लो।

जेनजी उनका घर के आग के हवाला कs दिहल। घटना के बाद चार कमरन में रखल गइल नोट जरल रहे। एह घटना के बाद जब जांच कइल गइल तऽ कैश आ सोना मिलल। बड़हन बरामदगी के जानकारी मिलतही देउवा निवास के आसपास स्थानीय लोगन के भीड़ जुटल। इस्थिति के नियंत्रित करे खातिर सुरक्षाबलन के मोर्चा संभारे के पड़ल।

ई घटना अइसन समय में भइल, जब नेपाल में भ्रष्टाचार विरोधी आंदोलन चरम पऽ बा। सुरंग से बरामद संपत्ति राजनीतिक हलचल के आउर तेज कऽ देलस। आधिकारी एजेंसियन के ओर से अब तक एह ममिला पऽ विस्तृत जानकारी सार्वजनिक करे वाला हऽ।

Read Also: कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष अजय राय नजरबंद: पत्रकार वार्ता खातिर प्रदेश कार्यालय जात घरी पुलिस देलस दस्तक

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]