[the_ad_group id="30365"]

धधकत विमान के लैंडिंग के वीडियो देखीं, एह कोडवर्ड से बच गइल 185 यात्रियन के जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के राजधानी पटना के एयरपोर्ट पs स्पाइसजेट फ्लाइट में लागल आग के बाद लैंडिंग के एगो वीडियो सामने आइल बा। वीडियो में आग के लपटन के साथे विमान लैंड होता नजर आ रहल बा।

धधकते हुए विमान की लैंडिंग का वीडियो देखिए, इस कोडवर्ड से बच गई 185 यात्रियों की जान

 

पटना. बिहार के राजधानी पटना में एयरपोर्ट से दिल्ली खातिर टेकऑफ होखे वाला स्पाइसजेट के फ्लाइट के आग लगला के बाद वापस नीचे लैंड करावे के पड़ल। लैंडिंग के बाद सब यात्रियन के सुरक्षित बाहर निकाल लिहल गइल, जवना के बाद आग बुझाई गइल। अब ओह दौरान के वीडियो सामने आ रहल बा। एगो नाया वीडियो में आग से धधकत फ्लाइट नीचे लैंड होत नजर आ रहल बा। वीडियो में आग लगला के बाद फ्लाइट के लैंडिंग के देखके रउओ सहम जाएम। वीडियो में अइसन नजारा बा कि जइसे मौत के छूके यात्री सुरक्षित एयरपोर्ट पहुंच गइल होखे लो।

खास बात ई बा कि फ्लाइट में जब आग लागल तs एगो कोडवर्ड एयर होस्टेस कावर से पायलट खातिर बोलल गइल। एह एगो कोडवर्ड के इस्तेमाल के वजह से फ्लाइट में सवार 185 लोगन के जान बच गइल। दरअसल, आग देखके एयर होस्टेस पैन पैन चिल्लाइल शुरू कs देहली।

बतावल जा रहल बा कि जब स्पाइसजेट फ्लाइट  SG-723 के इंजन नंबर एक में आग लागल तs पायलट के चिरई के टकराये के आवाज आइल रहे , एकरा बावजूद उड़ान जारी रहल। आग बढ़ल तs ओकरा के देखके एयर होस्टेस पैन-पैन कहके पायलट के सूचना देहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]