[the_ad_group id="30365"]

भीषण सड़क हादसा में सीवान के चार लोगन के दर्दनाक मौत, शादी समारोह में शामिल होखे जात रहे परिवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जयपुर से आवत रहे लो

घटना के संबंध में बतावल जात बा कि उत्तर प्रदेश के उन्नाव जिला में अतवार के सुबह भीषण सड़क हादसा भइल। एमे चार लोगन के दर्दनाक मौत हो गइल। हादसा में मौत के शिकार भइल चारों लोग सीवान जिला के रहे वाला रहे। सफारी गाड़ी पs सवार होके सभे लोग जयपुर से सीवान जात रहे। एही दौरान लखनऊ-आगरा एक्सप्रेस वे पs ई हादसा हो गइल। एह घटना के बाद मवका पs अफरा-तफरी मच गइल।

छव लोग रहे सवार

बताया जा रहल बा कि अतवार के सबेरे 6 लोग सफारी कार पs सवार होके जयपुर से बिहार के सीवान जिला जात रहे लो। एही दौरान उन्नाव के हसनगंज कोतवाली क्षेत्र इस्थित लखनऊ-आगरा एक्सप्रेस वे पs तेज गति से आ रहल कंटेनर कार में जोरदार ठोकर मार देलस। एहसे कार सवार चार लोगन के मवके पs मौत हो गइल। हादसा में मारल गइल सभे लोग एके परिवार के बतावल जा रहल बा। मृतकन में पति, पत्नी, बेटी आ एगो भतीजी शामिल बाड़ी।

कंटेनर डिवाइडर के तुड़त कार में जोरदार टक्कर मरलस

जानकारी के मोताबिक अखिलेश मिश्रा अपना छोट भाई के बियाह में शामिल होखे खातिर परिवार के साथे सीवान जात रहे लो। एही दौरान अनियंत्रित कंटेनर डिवाइडर के तुरत कार में जोरदार टक्कर मार देलस। एने, घटना के जानकारी मिलत मवका पs पहुंचल पुलिस सब शवन के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस आ मृतक के परिजन लो के घटना के जानकारी देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]