महाकुंभ 2025: बुध से मेला खातिर स्पेशल ट्रेन, जानीं कइसे जा सकत बानी प्रयाग

Anurag Ranjan
भारतीय रेलवे: फोटो
- Sponsored Ads-

महाकुंभ खातिर बुध के 05119 गोरखपुर-प्रयागराज रामबाग मेला विशेष गाड़ी, गोरखपुर से सबेरे 8:30 बजे जाई। प्रयागराज से होत विशाखपट्टनम जाए वाली 08561 मेला विशेष गाड़ी गोरखपुर से दुपहरिया 2:20 बजे से जाई।

05104 गोरखपुर-झूसी मेला विशेष गाड़ी, गोरखपुर से रात 8:30 बजे से जाई। 05120 प्रयागराज रामबाग-गोरखपुर मेला विशेष गाड़ी, प्रयागराज रामबाग से रात 8:30 बजे से चली।

- Sponsored Ads-

एही क्रम में महाकुंभ मेला के अवसर पs 05004/05003 गोरखपुर-झूसी-गोरखपुर कुंभ मेला विशेष गाड़ी के संचलन गोरखपुर से 27, 28, 29, 30 जनवरी, 01, 02, 03 आ 04 फरवरी, 2025 के आउर झूसी से 28, 29, 30, 31 जनवरी, 02, 03 04 आ 05 फरवरी, 2025 के आठ फेरन खातिर कइल गइल बा। ई जानकारी सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह देलें।

Read Also: ED Raid: पटना, नालंदा सहित तीन शहरन में ईडी के छापा

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment