UP Weather: शीतलहर के संगे एह जिलन में आज बरखा के चेतावनी, कोहरा आ वज्रपात के अलर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 22, 2025

सेंट्रल डेस्क : उत्तर प्रदेश में मौसम (UP Weather) के हर दु-तीन दिन के बाद बदले के सिलसिला जारी बा। अब एक बेर फेर मौसम करवट बदले जा रहल बा। मौसम विभाग पश्चिमी विक्षोभ के

Share

UP Weather: शीतलहर के संगे एह जिलन में आज बरखा के चेतावनी के संगे कोहरा आ वज्रपात के अलर्ट

सेंट्रल डेस्क : उत्तर प्रदेश में मौसम (UP Weather) के हर दु-तीन दिन के बाद बदले के सिलसिला जारी बा। अब एक बेर फेर मौसम करवट बदले जा रहल बा। मौसम विभाग पश्चिमी विक्षोभ के सक्रिय होखला से बुध के प्रदेश के 20 जिलन सहारनपुर, शामली, गाजियाबाद, नोएडा, मेरठ, अलीगढ़ आदि में गरज चमक के संगे बूंदाबांदी के संभावना व्यक्त कइले बा। एह इलाकन में पछुआ हवा के रुख बदलके बुध से पूर्वा हो जाई। संगही वज्रपात के चेतावनियो जारी कइल गइल बा।

22-23 के बरखा के आसार

आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र लखनऊ के वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के मोताबिक 22 व 23 जनवरी के नया पश्चिमी विक्षोभ के प्रभाव से पश्चिमी यूपी के कुछ हिस्सन में गरज चमक के संगे हलुका बूंदाबांदी के आसार बा।

तराई क्षेत्र के सात जिलों में बहुत जादे कोहरा के ऑरेंज अलर्ट के संगही प्रदेश के 40 जिलन में घन कोहरा छइला के चेतावनी जारी कइल गइल बा। मंगर के तराई के कुछ जिलन के छोड़के जादेतर इलाकन में घाम खिलस। एह कारण दिन के तापमान में बढ़न्ती भइल। 30 से 40 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से पछुआ हवा चलल।

UP Weather: एह जिलन में व्रजपात के संभावना

मुजफ्फरनगर, बागपत, मेरठ, गाजियाबाद, हापुड़, गौतमबुद्ध नगर, बुलंदशहर, अलीगढ, मथुरा, हाथरस, आगरा, फिरोजाबाद, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद, रामपुर, संभल आ आसपास के इलाकन में व्रजपात के संभावना बा।

घन कोहरा के संगे ऑरेंज अलर्ट वाला जिला

गोरखपुर, देवरिया,  संतकबीरनगर, बस्ती, कुशीनगर, महाराजगंज, सिद्धार्थनगर आ आसपास के इलाकन में घन कोहरा के ऑरेंज अलर्ट बा। ओहिजा गोंडा, बलरामपुर, श्रावस्ती, बहराइच, लखीमपुर खीरी, सीतापुर, हरदोई, फर्रुखाबाद, बाराबंकी, अयोध्या, अंबेडकरनगर, बिजनौर सहिज 40 जिलन में घन कोहरा छाइल रही।

Read Also: DDU: गोरखपुर विश्वविद्यालय के क्रिकेट टीम के चयन 26 जनवरी के

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.