Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

9 फेरन खातिर छपरा से उधना के बीच स्पेशल ट्रेन: त्योहार के लेके रेलवे के घोषणा 

92

रेलवे प्रशासन के ओर से आवे वाला त्योहारन पs यात्रियन के होखे वाला अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत नया ट्रेनन के संचालन कइल जा रहल बा। एह क्रम में छपरा से उधना के बीच स्पेशल ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। ट्रेन संख्या 09013/09014 उधना-छपरा-उधना त्योहार विशेष गाड़ी के संचलन उधना से 5, 12, 19, 26 अक्टूबर आ 2, 9, 16, 23 आ 30 नवंबर के हर सनीचर के आ छपरा से 6, 13, 20, 27 अक्टूबर आ 3,10,17,24 नवंबर आ 1 दिसंबर के हर अतवार के 9 फेरन खातिर चली।

जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत कहलें कि गाड़ी संख्या 09013 उधना-छपरा त्योहार विशेष गाड़ी उधना से 7.00 बजे खुली। एकरा बाद भरूच से 08.17 बजे, वडोदरा से 09.30 बजे, गोधरा से 11.32 बजे, रतलाम से 14.15 बजे, उज्जैन से 16.15 बजे, संत हिरदाराम नगर से 19.17 बजे, बीना से 22.20 बजे, सागर से 23.52 बजे, दूसरका दिन दमोह से 01.07 बजे, कटनी मुड़वारा से 03.15 बजे, सतना से 05.15 बजे, मानिकपुर से 07.00 बजे, प्रयागराज छिवकी से 09.05 बजे, मिर्जापुर से 10.10 बजे, वाराणसी जं. से 13.35 बजे, औंड़िहार से 14.25 बजे, गाजीपुर सिटी से 15.30 बजे आ बलिया से 16.50 बजे खुलके छपरा 19.30 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में गाड़ी संख्या 09014 छपरा-उधना त्योहार विशेष गाड़ी छपरा से 22.30 बजे खुली। एकरा बाद बलिया से 23.50 बजे, दूसरका दिन गाजीपुर सिटी से 01.10 बजे, औंड़िहार से 02.15 बजे, वाराणसी जं. से 03.40 बजे, मिर्जापुर से 05.35 बजे, प्रयागराज छिवकी से 07.05 बजे, मानिकपुर से 09.10 बजे, सतना से 10.20 बजे, कटनी मुड़वारा से 12.55 बजे, दमोह से 14.27 बजे, सागर से 15.42 बजे, बीना से 17.50 बजे, संत हिरदाराम नगर से 20.22 बजे, उज्जैन से 23.00 बजे, तीसरका दिन रतलाम से 01.40 बजे, गोधरा से 04.15 बजे, वडोदरा से 06.00 बजे, भरूच से 06.46 बजे आ सूरत से 07.50 बजे छूटके उधना 08.15 बजे पहुंची।

971520cookie-check9 फेरन खातिर छपरा से उधना के बीच स्पेशल ट्रेन: त्योहार के लेके रेलवे के घोषणा 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.