[the_ad_group id="30365"]

चांदो पs भइल रहे लॉकडाउन के असर, गिरल रहे तापमान, रिसर्च में दावा

चांदो पs भइल रहे लॉकडाउन के असर: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

Covid-19 महामारी के दौरान जब पूरा दुनिया में लॉकडाउन लागू रहे तs एकर असर खाली धरती ले ना चंद्रमा ले पहुंचल! लॉकडाउन के चलते कई देश में उद्योग बंद हो गईल, सड़क से गाड़ी गायब हो गईल, अवुरी प्रदूषण में भारी कमी दर्ज भईल। अब एगो नया अध्ययन से चौंकावे वाला बात सामने आइल बा कि लॉकडाउन के असर पृथ्वी से लेके चंद्रमा ले पहुंचल, जवना के चलते चंद्रमा के तापमान भी सामान्य से कम हो गईल।

चंद्रमा के सतह पs पारा 8 से 10 केल्विन ले गिरल

भारतीय वैज्ञानिक इs रोचक दावा कईले बाड़े कि अप्रैल-मई 2020 के कड़ा लॉकडाउन के दौरान चंद्रमा के सतह के तापमान में 8 से 10 केल्विन के गिरावट आईल रहे। टाइम्स ऑफ इंडिया में प्रकाशित एs रिपोर्ट के मुताबिक वैज्ञानिक 2017 से 2023 तक चंद्रमा के अलग-अलग हिस्सा पs तापमान के अध्ययन कईल अवुरी पाता चलल कि लॉकडाउन के दौरान तापमान में काफी कमी आईल बा।

भौतिक अनुसंधान प्रयोगशाला (PRL) के वैज्ञानिक के दुर्गा प्रसाद अवुरी जी अंबिली के टीम नासा के लूनर रिकॉनिसेंस ऑर्बिटर (LRO) के मदद से चंद्रमा के सतह के तापमान में भईल एs बदलाव के रिकॉर्ड कईलस। PRL के निदेशक अनिल भारद्वाज एकरा के एगो महत्वपूर्ण अवुरी नाया शोध बतवले, जवना में साफ हो गईल कि मानव गतिविधि में कमी के असर खाली पृथ्वी तक सीमित नईखे, बालुक चंद्रमा तक पहुंचल बा।

वैज्ञानिक लोग के मुताबिक लॉकडाउन के चलते पृथ्वी के प्रदूषण के स्तर में बहुत कमी आईल रहे, जवना के चलते वायुमंडल में गर्मी अवुरी ऊर्जा के बहाव भी कम हो गईल रहे। एही कारण से चंद्रमा के सतह पs तापमान में गिरावट दर्ज भईल। एह अध्ययन से ना खाली पर्यावरण में बदलाव के गहराई के समझे में मदद मिली बलुक ई साबित हो जाई कि हमनी के गतिविधि सभ के असर हमनी के ग्रह से बाहर हो सके ला।

लॉकडाउन के ई अद्भुत घटना विज्ञान के दुनिया में एगो नया चर्चा के छेड़ दिहले बा, आ वैज्ञानिक लोग एह बात पs विचार कs रहल बा कि हमनी के कदम से ब्रह्मांड के दोसरो हिस्सा पs भी कइसे असर पड़ सकेला।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]