[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर में बोललें राज्यपाल कलराज मिश्र, राजस्थान कांग्रेस में चल रहल उठापटक बा पार्टी के आंतरिक मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के राज्यपाल कलराज मिश्र कहलें कि उनके राज्य में कांग्रेस के अंदर चल रहल उठापटक पार्टी के आंतरिक मामला ह। एहमें निर्णय कांग्रेस पार्टी के ही लेवे के बा।
उ कुशीनगर स्थित एगो होटल में सोमवार के पत्रकारन से बातचीत करत रहलें। राजस्थान में अल्पसंख्यक तुष्टिकरण के सवाल पर कहलें कि टेलर मास्टर कन्हैया लाल के हत्या के पीछे केकर साजिश रहल, एकर पता लगावे खातिर एनआईए के जांच चल रहल बा। हत्या के पीछे कौन लोग रहे। एनआईए एकर पर्दाफाश करी।

विपक्षी गठबंधन के रुझान के बारे में पूछले पर कहलें कि एह संबंध में का हो रहल बा, हम कुछ नाइ बता सकsतनी। होटल से निकल के उ पूर्व सांसद राजेश पांडेय के कसया स्थित आवास पर पहुंचलें, जहां उनकर स्वागत कइल गइल।

एह दौरान रामकोला के विधायक विनय प्रकाश गौड़, कुशीनगर के विधायक पीएन पाठक, पूर्व विधायक पवन केडिया, रजनीकांत मणि त्रिपाठी, विनय राय, राधेश्याम पांडेय, जगदंबा सिंह, जेपी शाही आदि लोग मौजूद रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]