[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस अध्यक्ष के रेस से बहरा भइलें अशोक गहलोत, अब एह नेता लोग केे नाम; सीएम पद पर भी लग रहल बा कयास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के अध्यक्ष पद के रेस राजस्थान संकट के चलते रोचक हो गइल बा। अशोक गहलोत के सीएम पद के मोह अब उनका पर भारी पड़त दिख रहल बा अउरी कांग्रेस अध्यक्ष के रेस से उनके बाहर कर दिहल गइल बा।। कांग्रेस के सूत्र ई जानकारी देहलें बानें। पार्टी सूत्र के कहनाम बा कि हाईकमान के इच्छा के विपरीत जा के अशोक गहलोत के 82 विधायकन के इस्तीफा के दांव चलल गांधी परिवार के निम्मन नाइ लागल। अइसन में उन के लेकर अब गांधी परिवार रिस्क नाइ ले रहल बा अउर अब उनके अध्यक्ष पद के रेस से बहरा दिहल गइल बा। इहे नाइ, चर्चा त इहां ले बा कि अब सीएम पद पर भी कौनो अउरी नेता ले लावल जा सकsता।

अब कहल जा रहल बा कि मल्लिकार्जुन खड़गे, मुकुल वासनिक, कमलनाथ जइसन नेता भी अब अध्यक्ष पद के रेस में आ गइल बानें। इहे नाइ, दिग्विजय सिंह भी अध्यक्ष पद के चुनाव में उतर सकतने। राहुल गांधी के करीबी अउर कांग्रेस के महासचिव केसी वेणुगोपाल भी अध्यक्ष खातिर चुनाव में आ सकतने कहल जा रहल बा कि फिलहाल सोनिया गांधी अउरी राहुल गांधी मंथन कs रहल बानें कि केके अध्यक्ष चुनाव खातिर समर्थन कइल जाव। एसे पहिले अशोक गहलोत पs गांधी परिवार मन बना लिहले रहे, लेकिन उनकर हरकत से उ अपमानित अउर भरोसा पर चोट जइसन महसूस कs रहल बा।

राजस्थान के संकट से पसोपेश के स्थिति, के बनी अध्यक्ष

दरअसल कांग्रेस के अध्यक्ष पद खातिर सोमवार से नामांकन के शुरुआत होखे के रहल, लेकिन अब ले केहू कइले नाइ बा। राजस्थान में आइल सियासी संकट अध्यक्ष पद के रेस के भी अझुरा देहले बा। एक ओर राजस्थान के ले के पसोपेश के स्थिति बा त उहवें अध्यक्ष के तौर पर भी अब हाईकमान कौनो भरोसेमंद पर दांव लगावे पर विचार कs रहल बा। अब ले केसी वेणुगोपाल के नाम एह रेस में नाइ रहल लेकिन अचानके से उनकर नाम भी चर्चा में आ गइल बा। एकर वजह ई बा कि ऊ राहुल गांधी के करीबी हवे आ दक्षिण भारत से आवेने जहवाँ कांग्रेस खुद के मजबूत कइले में जुटल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]