[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के नकहा अउरी कैंट से चली 6 ट्रेन, पूर्वोत्तर रेलवे देखवलस हरिहर झंडी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के नकहा अउरी कैंट स्टेशन से छह ट्रेन चलावल जाई। एकरे खातिर पूर्वोत्तर रेलवे प्रशासन प्रस्ताव पर मुहर लगा देहलें बा। आवे वाले दिन में गोरखपुर से चले वाली छह ट्रेन एह स्टेशन से चली।

हाल ही में डीआरएम लखनऊ छह ट्रेनन के गोरखपुर के बजाए कैंट अउरी नकहा से चलावे के प्रस्ताव दिहले रहनें। जेकरे बाद एनईआर के प्रस्ताव भेजल गइल रहे। कैंट से तीन अउरी नकहा के तीन लोकल ट्रेन चलावल गइले के प्रस्ताव रहल। एहमें कैंट से गोरखपुर से नरकटियागंज की तीन पैसेंजर अउर नकहा से गोरखपुर से गोमतीनगर एक्सप्रेस, गोरखपुर से गोण्डा अउर गोरखपुर से सिवान पैसेंजर शामिल हैं।

कैंट अउर नकहा स्टेशन के सैटेलाइट स्टेशन बनवलें के काम भी तेज हो गइल बा। कैंट मे स्टेशन के भवन भी बनकर तैयार हो गइल बा। कैंट के पुरान तीनो लाइनों पर प्लेटफॉर्म के विस्तार कइल जा रहल बा जेसे एक्सप्रेस ट्रेनन के परिचालन में दिक्कत न आवे।

सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह के मुताबिक कुछ साल में गोरखपुर स्टेशन पर ट्रेनन के संख्या बढ़ल बा। एही के ध्यान में रख के गोरखपुर कैंट के सैटेलाइट स्टेशन के रूप में विकसित कइल जा रहल बा। एह स्टेशन पर सब आधुनिक सुविधा भी देहल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]