Chhapra: छव ट्रेन निरस्त, तीन के रुट में कइल गइल बदलाव

Khabar Bhojpuri Admin

छव ट्रेन निरस्त, तीन के रुट में कइल गइल बदलाव

रेलवे प्रशासन के ओर से यात्री सुविधा में उन्नयन आ परिचालनिक सुगमता खातिर पश्चिम मध्य रेलवे के न्यू कटनी जं. मेन लाइन पs प्री-नान इण्टरलॉक आ नान इण्टरलॉक कार्य आउर न्यू कटनी जं. यार्ड रिमाडलिंग कार्य कइल गइला के कारण एह गाड़ियन के निरस्तीकरण आ मार्ग परिवर्तन कइल जाई। एमे कइयन गो ट्रेन सामिल बा। जेमे छपरा से 29 सितम्बर से 03 अक्टूबर, 2023 के चले वाली 15159 छपरा-दुर्ग एक्सप्रेस निरस्त रही। दुर्ग से 30 सितम्बर से 04 अक्टूबर, 2023 के चले वाली 15160 दुर्ग-छपरा एक्सप्रेस निरस्त रही।

दुर्ग से 27 आ 29 सितम्बर, 2023 के चले वाली 18201 दुर्ग-नौतनवा द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस निरस्त रही। नौतनवा से 29 सितम्बर आ 01 अक्टूबर, 2023 के चले वाली 18202 नौतनवा-दुर्ग द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस निरस्त रही। दुर्ग से 28 सितम्बर, 2023 के चले वाली 18205 दुर्ग-नौतनवा साप्ताहिक एक्सप्रेस निरस्त रही।

एमे बरौनी से 29 सितम्बर से 03 अक्टूबर, 2023 तक चले वाली 15231 बरौनी-गोंदिया एक्सप्रेस अपना निर्धारित मार्ग कटनी-रायपुर-दुर्ग-गोंदिया के स्थान पs परिवर्तित मार्ग कटनी-जबलपुर-कछपुरा-गोंदिया के रास्ते चलावल जाई।

Share This Article