Vande Bharat Train : बिहार के मिलल एगो अउरी वंदे भारत, जानी कहां से कहां ले चली इ ट्रेन

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2023

  यात्रियन के सुविधा के ध्यान में राखत पटना आ हावड़ा के बीच आधुनिक आ विश्वस्तरीय सुविधा वाला सेमी हाई स्पीड वंदे भारत ट्रेन के संचालन शुरू कइल जा रहल बा। प्रधानमंत्री श्री नरेंद्र मोदी

Share

 

यात्रियन के सुविधा के ध्यान में राखत पटना आ हावड़ा के बीच आधुनिक आ विश्वस्तरीय सुविधा वाला सेमी हाई स्पीड वंदे भारत ट्रेन के संचालन शुरू कइल जा रहल बा। प्रधानमंत्री श्री नरेंद्र मोदी जी 24 सितंबर के वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से पटना-हावड़ा वंदे भारत ट्रेन समेत कुल 09 वंदे भारत ट्रेन के संचालन के उद्घाटन करीहे। वंदे भारत ट्रेन देश में रेल यात्रा के उच्च स्तर स्थापित करे आ ट्रेन के गति बढ़ावे के महत्वाकांक्षी योजना ह। ‘मेक इन इंडिया’ आ ‘आत्मनिर्भर भारत’ के माननीय प्रधानमंत्री के विजन के साकार करे खातिर भारतीय रेलवे नवीनतम तकनीक के इस्तेमाल करत पूरा तरह से देशी सेमी हाई स्पीड वंदे भारत ट्रेन के निर्माण कइले बा।

बिहार राज्य के दूसरका वंदे भारत ट्रेन

पटना-हावड़ा वंदे भारत ट्रेन बिहार राज्य के दूसरका वंदे भारत ट्रेन ह। पटना-हावड़ा वंदे भारत ट्रेन पटना से हावड़ा के बीच लगभग 532 किलोमीटर के दूरी 06 घंटा 30 मिनट में करी जवन कि ए खंड पs मौजूदा तेज ट्रेन के मुक़ाबले लगभग 01 घंटा 30 मिनट कम यात्रा के समय होई। इ ट्रेन बुधवार के छोड़ के सप्ताह में 6 दिन पटना अवुरी हावड़ा से चली।

इहे सुविधा होई

पटना-हावड़ा वंदे भारत में कुल 08 गो कोच होखी जवना में एग्जीक्यूटिव चेयर कार श्रेणी के 01 गो कोच आ वातानुकूलित चेयर कार के 07 गो कोच शामिल होखीहें. एग्जीक्यूटिव चेयर कार में कुल सीट के संख्या 52 अवुरी एयर कंडीशन चेयर कार में कुल सीट के संख्या 478 होई। ई जानकारी मुख्य जनसंपर्क अधिकारी वीरेन्द्र कुमार दिहले बाड़न।

 जान लीं कि किराया का होई

रेल विभाग के मुताबिक पटना हावड़ा बंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन के एसी चेयर कार के किराया ₹ 1200 होई जबकि एग्जीक्यूटिव क्लास के किराया ₹ 2300 होई। एहमें अबहीं ले खानपान सेवा शुल्क शामिल नइखे। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 24 सितंबर के रात 12:00 बजे वीडियो कांफ्रेंसिंग के माध्यम से वंदे भारत एक्सप्रेस के झंडा देखावे के काम करीहे। एक-दू दिन के भीतर यात्री एकरा में सफर क सकेले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.