[the_ad_group id="30365"]

IMD Weather Report Today:दिल्ली एनसीआर, यूपी-बिहार समेत बाकी राज्यन में मौसम कईसन रही? पूरा अपडेट इहाँ जान लीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत में मानसून जल्दिए खतम होखे वाला बा।हालांकि देश के विभिन्न राज्य में भारी बरखा जारी बा। अतवार के भी दिल्ली एनसीआर समेत अलग-अलग राज्य में बरखा अवुरी सुखद मौसम देखाई देलस। एकरा चलते दिल्ली एनसीआर के तापमान भी बाकी दिन के मुक़ाबले कम देखाई देलस। बताईं कि मौसम विभाग के मुताबिक देश के अलग-अलग इलाका में मौसम के स्थिति में कवनो बदलाव ना होई…

आईएमडी के रिपोर्ट के मुताबिक दिल्ली एनसीआर में हवा में नमी के चलते तापमान में दु डिग्री के गिरावट आईल बा। एह इलाका के मौसम फिलहाल अईसने रहे के उम्मेद बा। सोमार के दिने दिल्ली एनसीआर के तापमान अधिकतम 35 आ न्यूनतम 25 डिग्री सेल्सियस होखे के अनेसा बा। दिन में इलाका में बादल भी रह सकेला।

उत्तर प्रदेश के मौसम

पिछला कुछ दिन से उत्तर प्रदेश के विभिन्न जिला में हल्का बरखा हो रहल बा। मौसम विभाग के रिपोर्ट के मुताबिक 30 सितंबर ले पश्चिमी यूपी के मुक़ाबले पूर्वी यूपी में जादा जगह पs बरखा के संभावना बा। राजधानी लखनऊ में सोमवार के भी बादल के आवाजाही होई।दुपहरिया के बाद इहाँ हल्का बूंदाबांदी के संभावना बा। मऊ, बलिया, देवरिया, गोरखपुर, कुशीनगर, बहराइच, लखीमपुर खेरी, अलीगढ़ जईसन जिला में गरज अवुरी बिजली गिरे के संभावना बा। मथुरा, हाथरस, आगरा, फिरोजाबाद, इटावा आ बिजनौर में भी बिजली के अलर्ट बा।

बिहार के मौसम

बिहार में मानसून कम होखे के असर के बावजूद राजधानी पटना समेत कई जिला में बूंदाबांदी के संभावना बा। राज्य के पूर्णिया, किशनगंज सुपौल आ अररिया में भारी बरखा के अनुमान लगावल गइल बा। रविवार के पटना समेत दक्षिण बिहार के बहुत जिला में मौसम सामान्य रहे। मानसून के कम सक्रियता के कारण कई जिला सभ में तापमान में भी बढ़ती देखल जा सके ला। मौसम विभाग के मुताबिक अगिला पांच-छह दिन ले पड़ोसी राज्य झारखंड में मानसून सक्रिय रहे के संभावना बा।मौसम विभाग के ओर से 25 अवुरी 26 सितंबर के बहुत जिला खातीर येलो अलर्ट जारी कईल गईल बा।

मध्य प्रदेश-छत्तीसगढ़ के हालत

मध्य प्रदेश में पिछला कई दिन से भारी बरखा जारी बा। मौसम विभाग के ओर से मध्य प्रदेश के 5 जिला – हरदा, डिंडोरी, सिवनी, बालाघाट अवुरी मंडला में ऑरेंज अलर्ट जारी कईल गईल बा। एकरा संगे-संगे नर्मदापुरम, इंदौर, उज्जैन, ग्वालियर-चंबल अवुरी जबलपुर प्रमंडल समेत कई अवुरी जिला में भी येलो अलर्ट जारी भईल बा। छत्तीसगढ़ के अधिकांश जिला में गरज के संगे बढ़िया बरखा के संभावना बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]