झारखंड के देवघर में साइबर अपराध के मामिला में 6 लोग गिरफ्तार, 14 मोबाइल फोन सहित ई भइल बरामद

Share

झारखंड के देवघर जिला में साइबर अपराध के विभिन्न मामिला में 6 लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा। पुलिस उपाधीक्षक (साइबर) सुमित प्रसाद बतवलें कि गिरफ्तारी टाउन थाना क्षेत्र के कोरियासा, मार्गोमुंडा थाना क्षेत्र के मुरलीपहाड़ी गांव, पालोजोरी थाना क्षेत्र के बारामसोली गांव अउर मोहनपुर थाना क्षेत्र के चौपा मोड से कइल गइल। इनके लग्गे से 14 मोबाइल फोन, 27 सिम कार्ड, 13 एटीएम कार्ड, 2 बैंक पासबुक, 2 चेकबुक और 8 हजार रुपया नकद बरामद कइल गइल।

सामूहिक दुष्कर्म कांड में फास्ट ट्रैक से सुनवाई होई: SP

उहवें, पलामू जिला के सतबरवा थाना क्षेत्र में दू दिन पहिले 22 साल के महिला के संगे भइल सामूहिक दुष्कर्म के मामिला में पुलिस अदालत से फास्ट ट्रैक सुनवाई के अपील करी। पुलिस अधीक्षक चंदन कुमार सिन्हा बतवलें कि मामला में सभे छह अभियुक्तन के गिरफ्तार क लिहल गइल बा। पीड़िता के बयान दर्ज कs लेहल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-