Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PFI Banned : पीएफआई पs लागल पांच साल के प्रतिबंध, केंद्र सरकार के बड़ फसीला

208

कट्टरपंथी इस्लामी संगठन पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया (पीएफआई) के आतंकी फंडिंग आ आउर गतिविधियन के चलते भारत में पांच साल खातिर प्रतिबंधित कs दिहल गइल बा। गृह मंत्रालय के ओर से एकरा खातिर अधिसूचना (नोटिफिकेशन)  जारी कर दिहल गइल बा। यूएपीए एक्ट के तहत एह संगठन पs प्रतिबंध लगावल गइल बा। बता दीं कि PFI एगो कट्टरपंथी संगठन हs। 2017 में NIA गृह मंत्रालय के पत्र लिखके एह संगठन पs प्रतिबंध लगावे के मांग कइले रहे। NIA जांच में एह संगठन के कथित रूप से हिंसक आ आतंकी गतिविधियन में लिप्त होखे के बात आइल रहे। NIA के डोजियर के मोताबिक ई संगठन राष्ट्रीय सुरक्षा के खातिर खतरा मानल गइल।

एहु संगठनन पs लागल बैन

  • रिहैब इंडिया फाउंडेशन
  • कैंपस फ्रंट ऑफ इंडिया
  • ऑल इंडिया इमाम काउंसिल
  • नेशनल कॉन्फेडरेशन ऑफ ह्यूमन राइट्स ऑर्गनाइजेशन
  • नेशनल विमेन फ्रंट, जूनियर फ्रंट
  • एम्पावर इंडिया फाउंडेशन
  • रिहैब फाउंडेशन(केरल)
  • जूनियर फ्रंट

गिरिराज सिंह PFI के कहले- बाय-बाय

पीएफआई पs पांच साल के प्रतिबंध लगला के बाद केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह ट्वीट कइले। ऊ अपना ट्वीट में लिखले कि बाय-बाय पीएफआई। एकरा अलावे ऊ गृहमंत्रालय के अधिसूचना के कॉपियो साझा कइले।

यूपी सहित सात राज्यन में 230 के पकड़ल गइल बा

कट्टरपंथी इस्लामी संगठन पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया (पीएफआई) के आतंकी फंडिंग आ आउर गतिविधियन पs मंगर के राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआईए) समेत सुरक्षा एजेंसियों फेर कइलस । उत्तर प्रदेश, कर्नाटक, गुजरात, दिल्ली, महाराष्ट्र, असम आ मध्य प्रदेश में 230 सेबेसी लोग गिरफ्तार कइल गइल भा हिरासत में लिहल गइल। एनआईए आ पुलिस टीम मंगर के भिनसहरे से पीएफआई के ठिकानन पs छापा मारल शुरू कs देले रहे, जवन दिनभर चलल। कर्नाटक में सबसे जादे 80, जबकि यूपी में 57 लोग के पकड़ल गइल बा।

एनआईए के मिलल सूचना के मोताबिक, पिछका कार्रवाई के बाद पीएफआई के पूरा देश में प्रदर्शन आ आतंकी वारदात के जरिये कानून व्यवस्था बिगाड़ने के साजिश रहे। खास तौर पs संवेदनशील इलाकन में अशांति फइलावे के तइयारी कs लिहल गइल रहे। एकरा के देखते अइसन इलाकन में सुरक्षा बलन के तैनाती कइल गइल बा। असम आ महाराष्ट्र में 25-25 लोगन के गिरफ्तार कइल गइल।

महाराष्ट्र में 15 लोग हिरासत में बा। दिल्ली में 32 लोग हिरासत में बा, ओहिजा मध्य प्रदेश में 21 आ गुजरात में ई संख्या 17 बा। एकरा पहिले, 22 सितंबर के भइल कार्रवाई में 16 राज्यन में 106 लोग गिरफ्तार कइल गइल रहे। एनआईए पीएफआई के संलिप्तता वाला 19 एफआईआर पs कार्रवाई कर रहल बिया।

आपत्तिजनक दस्तावेज आ सबूत जुटावल गइल

एडीजी (कानून-व्यवस्था) प्रशांत कुमार के मोतबिक छापा में कइयन गो आपत्तिजनक दस्तावेज आ सबूत मिलल बा। एह सबूतन के आधार पs आगहु कार्रवाई जारी रही।

निरंकुश सत्ता में अइसन स्वाभाविक

पीएफआई कहलस, हमनी के निशाना बनावल केंद्र सरकार के कार्रवाई के खिलाफ लोकतांत्रिक विरोध के रोके के ई कोसिस भर हs आ एह निरंकुश  सत्ता में अइसन होखल स्वाभाविक बा।

दिल्ली : शाहीन बाग आ जामिया नगर में धारा 144

दिल्ली में पुलिस के विशेष शाखा कार्रवाई के कमान संभरलस। कार्रवाई के विरोध में कवनो तरे के हिंसा के रोके आ शांति कायम राखे खातिर अर्धसैनिक बलन के टुकड़ियन के तैनात कइल गइल रहे। शाहीन बाग आ जामिया नगर जइसन इलाकन में धारा 144 लागू कइल गइल बा। वरिष्ठ अधिकारी बतवले, कइयन जगहन पs छापा मारल गइल बा जवना में शाहीन बाग आ निजामुद्दीनो शामिल बा। अभी ले 30 लोग हिरासत में लिहल गइल बा, ऊ बतवले, जांच जारी बा। केस दर्ज नइखे कइल गइल।

महाराष्ट्र : इमाम काउंसिल राज्य प्रमुख गिरफ्तार

नासिक पुलिस के अपराध शाखा  ऑल इंडिया इमाम काउंसिल के राज्य प्रमुख मौलाना इरफान दौलत नदवी के पीएफआई से जुड़ल होखला पs गिरफ्तार कs लेलस। एगो आउर शख्स के  गिरफ्तार कइल गइल बा

344080cookie-checkPFI Banned : पीएफआई पs लागल पांच साल के प्रतिबंध, केंद्र सरकार के बड़ फसीला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.