[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर में थाना के अंदर बर्थडे मनावल पड़ल महंग, एसओ सहित छह लाइन हाजिर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुशीनगर जिले के विशुनपुरा थाने में रविवार की दोपहर बर्थडे मनावल पुलिस वालन के महंग पड़ गइल। पुलिस अधीक्षक धवल जायसवाल थाना में बर्थडे मनवले को गंभीरता से लेत एसएचओ वीरेंद्र कुमार यादव सहित छह पुलिसकर्मियन के रविवार के देर रात लाइनहाजिर कs देहल।

रविवार के दोपहर में थाना में एगो बाहरी व्यक्ति के बर्थडे धूमधाम से मनाया जात रहल। केहू एकर वीडियो अउरी फोटो सोशल मीडिया पर वायरल भइल। कुछ लोग एसपी से शिकायत कइलस, जेकरे बाद छह पुलिसकर्मी लाइनहाजिर कs देहल गइलें। एसपी के कार्रवाई के बाद पुलिसकर्मियन में हड़कंप मचल रहल। फिलहाल विशुनपुरा थाना में कौनो प्रभारी के तैनाती नाइ कइल गइल बा।

थाना में एक गैर पुलिसकर्मी के बर्थडे मनवले के मामला में लोग आपत्ति जतावत एकर शिकायत एसपी धवल जायसवाल से क देहल। एसपी के जांच में आरोप के पुष्टि भइल। एह मामले में रविवार के देर रात कार्रवाई करत एसएचओ वीरेंद्र कुमार यादव, हेड कांस्टेबल धनंजय राय, सिपाही विनोद चौहान, लकी, नरेंद्र कुमार और दीपक कुमार के लाइन हाजिर कs देहलें।
एह मामले में एसपी धवल जायसवाल कहलें कि मामला के

विभागीय जांच करावल जा रहल बा। थाना में एह तरह के आयोजन पर रोक बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]