[the_ad_group id="30365"]

पश्चिम बंगाल: ममता सरकार के मंत्री पार्थ चटर्जी गिरफ्तार, करीबी के घर से ईडी बरामद कइले रहल 20 करोड़ रुपया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रवर्तन निदेशालय शनिवार के पश्चिम बंगाल सरकार में मंत्री पार्थ चटर्जी के गिरफ्तार कs लिहलस। बतावल गइल बा कि उनके शिक्षक भर्ती घोटाले के मामले में अरेस्ट कइल गइल बा। एक दिन पहिलही उनकर करीबी सहयोगी अर्पिता मुखर्जी के घरे ईडी की रेड पड़ल रहे। एह छापा में करीब 20 करोड़ रुपया मिलले के दावा भइल रहे।

गौरतलब बा कि ईडी के अधिकारी लोग कथित शिक्षक भर्ती घोटाला मामले में चटर्जी से शुक्रवार के रातभर पूछताछ कइल। एजेंसी के अधिकारी लोग चटर्जी से आवास पर शुक्रवार बिहाने आठ बजे से उनसे पूछताछ शुरू कइलें रहे, एकरे बाद आज उनके गिरफ्तार क लेहल गइल। जब ई कथित घोटाला भइल रहे तब चटर्जी राज्य के शिक्षा मंत्री रहने प्रवर्तन निदेशालय एह घोटाले में कथित रूप में शामिल लोगन के खिलाफ धनशोधन संबंधी पहलू के जांच क रहल बा।

पार्थ चटर्जी अभिन उद्योग अउरी वाणिज्य मंत्री बानें। सीबीआई दू बेर उनसे पूछताछ क चुकल बिया। पहिला बेर 25 अप्रैल के अउरी दूसरा बेर 18 मई के पूछताछ कइल गइल रहे। पश्चिम बंगाल के शिक्षा राज्यमंत्री अधिकारी से भी सीबीआई पूछताछ क चुकल बिया। एकरे अलावा उनकर बेटी स्कूल शिक्षक के आपन नौकरी गंवा चुकल बाड़ी।

मंत्री के करीबी सहयोगी के घरे मिलल 20 करोड़ रुपया

जानकारी के अनुसार, पश्चिम बंगाल सरकार में मंत्री पार्थ चटर्जी के करीबी अर्पिता मुखर्जी के घरे भी ईडी छापा मरलस। रिपोर्ट्स के मुताबिक, एह दौरान ईडी करीब 20 करोड़ रुपये नकद बरामद कइलें बा। एह कार्रवाई के जौन तस्वीर सामने आईल बा, ओमें 500 रुपये अउरी 2000 रुपया के नोटन के बड़ पहाड़ देखे के मिल रहल बा।
रिपोर्ट्स के अनुसार, अर्पिता के अलावा ईडी कई अउर ठिकाना पर छापा मरले बा। एह सूची में मंत्री पार्थ चैटर्जी, माणिक भट्टाचार्य, आलोक कुमार सरकार, कल्याण मॉय गांगुली जइसन नाम शामिल बतावल जा रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]