एससीआर में सामिल होई लखनऊ, सीतापुर, उन्नाव सहित छव जिला, एक हफ्ता में तइयार हो जाई वर्कप्लान

Anurag Ranjan

यूपी के एनसीआर के तरे विकसित करे के लेके योगी सरकार नया योजना तइयार कइले बिया। योगी सरकार एनसीआर के तर्ज पs यूपी में अब एससीआर बनावे जा रहल बिया, जेमे प्रदेश के छह जिलन के सामिल कइल जाई। असल में सीएम योगी आदित्यनाथ संतुलित, समावेशी आ स्थायी शहरी नियोजन के जवना उद्देश्यन के संगे ‘उत्तर प्रदेश राज्य राजधानी क्षेत्र’ के परिकल्पना कइलें बाड़ें, ऊ आम आदमी के ईज ऑफ लिविंग के सब मानकन पs विश्वस्तरीय अहसास कराने वाला होई।

देश में पहिला बेर कवनो राज्य में गठित होखे जा रहल एह विशिष्ट राजधानी क्षेत्र के लक्ष्‍य राजधानी लखनऊ पs बढ़त जनसंख्या से इंफ्रास्ट्रक्चर पs दबाव, अनियोजित विकास, क्षेत्र विशेष के विकास जइसन चुनौतियन के समाधान पावल बा। सीएम के मंशा बा कि ई विशिष्ट क्षेत्र स्थिरता, स्वास्थ्य देखभाल, संस्कृति, पर्यावरण, शिक्षा आ बुनियादी ढांचा के वैश्विक मानकन के अनुरूप जीवंतता सूचकांक (लिवेलीहुड इंडेक्स) में आपन खास जगह बनाने वाला होखे। सीएम के निरदेस के बाद अब आवास आ शहरी नियोजन विभाग द्वारा एकर कार्ययोजना तइयार कइल जा रहल बा।

प्रदेश के राजधानी होखला के कारण जाहिर तौर पs लखनऊ के विकास दूसरा जिलन के सापेक्ष कहीं जादे बा। बीतल 05 बरिसन में शिक्षा, स्वास्थ्य, शानदार नगरीय सुविधन के संगे लखनऊ में रहल आरामदायक बन गइल बा। बेहतर इंफ्रास्ट्रक्चर होखला के नाते निवेशक लखनऊ के ओर आकर्षित होला, एहिसे रोजगार के दृष्टि से इहां अपार अवसर बा। अइसन में बड़ संख्या में दूसरन जिलन के लोग इहां आपन स्थायी ठिकाना बनावल चाहत बा। इहे वजह बा कि इहां रियल एस्टेट सेक्टर में बूम बा। बाकिर एह सबके बीचे इंफ्रास्ट्रक्चर पs दवाब बढ़ता जा रहल बा, संगही अनियोजित विकास के समस्यो उपज रहल बा। मुख्यमंत्री योगी एहि समस्यन के स्थायी हल देवे के कोसिस में बाड़े।

बीतल दिन राज्य राजधानी क्षेत्र के आपन परिकल्पना साझा करत मुख्यमंत्री $1 ट्रिलियन इकोनॉमी के लक्ष्य के पूर्ति खातिर सब जिलन के भूमिका पs जोर देहलें। राजधानी लखनऊ पs दबाव कम होखे आ एहसे जुड़ल उन्नाव, रायबरेली, कानपुर नगर आ कानपुर देहात, बाराबंकी में हाईटेक टाउनशिप होखे, मेट्रो के सेवा होखे, औद्योगिक विकास में संतुलन होखे, एकरा खातिर राजधानी के केंद्र में राखत एगो एकीकृत विकास योजना के जरूरत बा।

सीएम योगी के कोसिस रंग लाइल तs राज्य राजधानी क्षेत्र (एससीआर) अंतरजनपदीय क्षेत्रीय योजना आ विकास के एगो अद्वितीय उदाहरण होई। प्रारंभिक रूप से एह योजना में लखनऊ के राजधानी लखनऊ के पूरा क्षेत्र, उन्नाव, रायबरेली, बाराबंकी कानपुर नगर आ कानपुर देहात जिलन के शामिल कइल जा रहल बा। हालांकि अंतिम निर्णय विस्तृत कार्ययोजना तइयार होखे के बाद हो सकी।

समन्वय, निर्णय, आ अनुश्रवण खातिर बनी शासन स्तर के कमेटी

राज्य राजधानी क्षेत्र खातिर प्रमुख समितियन गठित करे के तइयारी बा। पहिला मुख्य सचिव के अध्यक्षता में उच्चाधिकार प्राप्त समिति होई, जेमे सब सम्बंधित विभागन के अपर मुख्य सचिव/प्रमुख सचिव शामिल होई लो। जबकि दूसर कार्यकारी समिति होई, जवना के अपर मुख्य सचिव/प्रमुख सचिव आवास आ शहरी नियोजन के अध्यक्षता में गठित करे के तइयारी बा एह समिति में लखनऊ, कानपुर आ अयोध्या मंडल के मंडलायुक्त, सब संबद्ध जिलन के जिलाधिकारी, सम्बंधित विकास प्रधिकरणन के उपाध्यक्ष आ आउर विशेषज्ञ शामिल होई लो।

अइसन होई कमेटियन के भूमिका

  • राज्य राजधानी क्षेत्र खातिर क्षेत्रीय योजना आ कार्यात्‍मक योजना तइयार करे के होई।
  • लखनऊ सहित प्रत्‍येक सहभागी जनपद खातिर परियोजनन के निर्धारण,क्रियान्वयन आ अनुश्रवण
  • परियोजनन के चयन आ अनुमोदन, विकास खातिर प्राथमिकता प्रदान कइल आ जरूरी सहायता उपलब्‍ध करावल होई।
  • राज्य राजधानी क्षेत्र के परियोजनन खातिर वित्तीय प्रबंधन कइल।
  • हाई पॉवर कमेटी राज्य राजधानी क्षेत्र के विस्तार के सम्बंध में राज्य सरकार के परामर्श दे सकी।

एहिसे जरूरी बा एससीआर

  • समन्वित आ संतुलित विकास खातिर राजधानी के रूप में लखनऊ के क्षमतन के विस्तार देहल।
  • लखनऊ आ आस पास के जिलन के पोटेंशियल के  समन्वित उपयोग कइल।
  • आर्थिक प्रगति के तेज रफ्तार दिहल।
  • संतुलित आ समवेशी औद्योगिक विकास खातिर अल्पकालिक आ दीर्घकालिक एकीकृत कार्ययोजना तइयार कइल।
  • रोजगार के नवीन अवसर सृजित कइल।
  • प्रति व्यक्ति आय में बढ़ोतरी खातिर ठोस प्रयास कइल।
  • शिक्षा आ स्वास्थ खातिर विश्वस्तरीय इंफ्रास्ट्रक्चर के विकास कइल।
  • ईज ऑफ लिविंग के आयाम जइसे, इको फ्रेंडली जन परिवहन।
  • कन्वेंशन सेंटर, स्टेडियम मॉल, पार्क, जिम आदि के सहज उपलब्धता।

ई बा प्रस्तावित स्वरूप

जिला | जनसंख्या | क्षेत्रफल
लखनऊ | 4589838 | 2528
उन्नाव | 3108367 | 4558
रायबरेली |3405559 | 4609
बाराबंकी | 3260699 | 4402
कानपुर नगर |4581268 |3155
कानपुर देहात | 1796184 | 3021
कुल जनसंख्या 20741995 (2011 के जनगणना के अनुसार)
कुल क्षेत्रफल – 22273 ( वर्ग किलोमीटर में)

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।