सीवान: मौर्य एक्सप्रेस में आग लगला के फइलल अफवाह, पकवलिया ढाला के लगे चेन पुलिंग कs के भागल लोग

Share

सीवान। पकवलिया ढाला के लगे सोमार के सबेरे अचानक मौर्य एक्सप्रेस ट्रेन में आग लगला के सूचना मिलल। कुछ यात्री चेन पुलिंग कs के ट्रेन रोक दिहल लो आपन-आपन सामान लेके उतरे लागल लो। एह वजह से बहुते देर तक ट्रेन खड़ा रहल।

हालांकि बाद में जांच के दौरान सामने आइल कि अइसन कुछ ना भइल रहे।  केहू आग लगला के अफवाह उड़वले रहे। मवका पs पहुंचल रेल अधिकारी एकर पुष्टि कइले बा लो। जानकारी के अनुसार मौर्य एक्सप्रेस गोरखपुर से हटिया के बीच चलले। ई ट्रेन सबेरे 10 बजे सीवान पहुंचेले।

आज सोमार के सीवान पहुंचे से पहिलही यात्रियन के ओर से हल्ला आ शोर मचावल गइल, जवना पs कुछ लोग चेन पुलिंग कs दिहल। चेन पुलिंग के बाद सब यात्रियन में भगदड़ मच गइल। एक-एक कs के लोग पटरी पs उतरे लागल। एह पूरा घटनाक्रम के वीडियो सामने आइल बा। फिलहाल रेलवे प्रबंधन घटना के जांच कs रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-