चक्रवाती तूफान ‘दाना’ कब देई दस्तक? मचाई तबाही! कई राज्यन खातीर जारी भइल बारिश के अलर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 21, 2024

    बंगाल के खाड़ी के ऊपर बनल ‘लो प्रेशर एरिया’ 23 अक्टूबर (बुध) ले चक्रवाती तूफान में बदल सकता। भारतीय मौसम विभाग (आईएमडी) अतवार के दिने ई जानकारी दिहले बा. चक्रवाती तूफान के असर

Share

Cyclone

 

 

बंगाल के खाड़ी के ऊपर बनल ‘लो प्रेशर एरिया’ 23 अक्टूबर (बुध) ले चक्रवाती तूफान में बदल सकता। भारतीय मौसम विभाग (आईएमडी) अतवार के दिने ई जानकारी दिहले बा. चक्रवाती तूफान के असर ओडिशा आ पश्चिम बंगाल के तट पs पड़ सकेला. मौसम विभाग आ स्थानीय प्रशासन मछुआरन के सोमार ले समुद्र तट से लवटे के सलाह दिहले बा.

चक्रवाती तूफान के ‘दाना’ नाम दिहल गइल

मौसम विभाग एह चक्रवाती तूफान के नाम ‘दाना’ रखले बा, एकरा साथे कई राज्यन के मौसम में काफी बदलाव होई। मौसम विभाग देश के कई हिस्सा खातिर बरखा के अलर्ट भी जारी कईले बा।

एह जगह पs जमीन पs उतर सकेला

चक्रवात के जमीन पs उतरे के सही जगह के बारे में अबे ले पता नईखे चलल। एगो रिपोर्ट के मुताबिक इs चक्रवात पुरी में जमीन पs उतर सकता। भारतीय मौसम विभाग के कहल बा कि अतवार के दिने उत्तर अंडमान सागर आ ओकरा से सटल बंगाल के खाड़ी के ऊपर बनल चक्रवात से बंगाल के पूर्व-मध्य खाड़ी आ ओकरा से सटल उत्तर अंडमान सागर पs निम्न दबाव वाला इलाका बन गइल बा.

24 अक्टूबर के तूफान के असर देखाई दिही

मौसम विभाग के कहल बा कि 24 अक्टूबर के सबेरे ले ई तूफान उत्तर-पश्चिम दिशा में बढ़ के ओडिशा आ पश्चिम बंगाल के तट के लगे बंगाल के उत्तर-पश्चिम खाड़ी में चहुँपे के बहुते संभावना बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.