[the_ad_group id="30365"]

Siwan News : मध्याह्न भोजन योजना में गड़बड़ी के ममिला आइल सामने: शिकायत के बाद पहुंचलें प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी-विधायक, प्रिंसिपल के शो कॉज

Siwan News : मध्याह्न भोजन योजना में गड़बड़ी के ममिला आइल सामने
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान : मैरवा के बड़गांव उत्क्रमित मध्य विद्यालय सह हाई स्कूल में मध्याहन भोजन योजना में गड़बड़ी के ममिला सामने आइल बा। एकर शिकायत पs प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी आ जीरादेई विधायक अमरजीत कुशवाहा पहुंचलें, जहां पs पहिलहू भोजन में गड़बड़ी के शिकायत आ रोज मध्याह्न भोजन योजना ना बनला के शिकायत ग्रामीण वरीय अधिकारियन आ विधायक से कइले बा लो।

विधायक अमरजीत कुशवाहा प्रखंड के सब अधिकारियन के संगे पहुंचलें। एकरा के लेके बीईओ गंदगी आ आउर चीजन के जांच के बाद प्रिंसिपल के शो-कॉज कइले बाड़ें। प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी चितरंजन राव बतवलें कि मध्याह्न भोजन योजना के सुचारु रूप से चालू करे खातिर शिक्षक आ ग्रामीणन के बीच वार्ता के बाद कमेटी के गठन कइल गइल बा।

दुगो शिक्षक आ पांच ग्रामीण कमेटी के सदस्य बनल

स्कूल के दुगो शिक्षक आ पांच ग्रामीण कमेटी के सदस्य बनावल गइल बा। कमेटी अपना देखरेख में मध्याह्न भोजन बनाके छात्रन के बीच खियावल जाई। जीरादेई विधायक अमरजीत कुशवाहा कहलें कि प्रिंसिपल आ स्कूल प्रबंधन के एक महीना के अंदर सही तरीका से स्कूल के बेवस्था सुधारे के निरदेस दिहल गइल बा।

एह तरे बेवस्था नइ केखे सुधरत, सदन में एह बात के आवाज उठावल जाई। संगही सब शिक्षकन के आ प्रिंसिपल के समझा के लईकन के सही से शिक्षा देवे आ मध्याह्न भोजन योजना रोज बनावे आ मेनू के मोताबिक भोजन बनावे खातिर कहल गइल बा।

Read Also: Earthquake Facts: का हs भूकंप आ ई काहे आवेला? जानीं एकर तीव्रता के कइसे मापल जाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]