[the_ad_group id="30365"]

Earthquake Facts: का हs भूकंप आ ई काहे आवेला? जानीं एकर तीव्रता के कइसे मापल जाला

पाकिस्तान में भूकंप के झटका: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

का हs भूकंप?

Earthquake Facts: भूकंप के माने हs धरती के सतह के हिलल, जवन धरती के सतह के अंदर अचानक ऊर्जा के निकलला के वजह से होला। ऊर्जा के एह निकलला से भूकंपीय तरंग उत्पन्न होली सs, जवना के आमतौर पs S तरंग कहल जाला। भूकंप के तीव्रता आ विशेषता कवनो खास क्षेत्र में होखे वाला भूकंपीय गतिविधियन से निर्धारित होला।

काहे आवेला भूकंप?

पृथ्वी के भीतर 7 गो प्लेट्स बा, जवन लगातार घूमत रहेला। जहां ई प्लेट्स जादे टकराली सs, ऊ जोन फॉल्ट लाइन कहल जाला। बार-बार टकरइला से प्लेट्स के कोना मुड़ेला। जब जादे दबाव बनेला तs प्लेट्स टूटे लागेली सs। नीचे के ऊर्जा बाहर आवे के रास्ता खोजेली सs आ डिस्टर्बेंस के बाद भूकंप आवेला।

जानीं का हs भूंकप के केंद्र आ तीव्रता के माने?

भूकंप के केंद्र ओह जगह के कहल जाला जवना के ठीक नीचे प्लेटन में हलचल से भूगर्भीय ऊर्जा निकलेला। एह जगह पs भूकंप के कंपन जादे होला। कंपन को आवृत्ति जइसे-जइसे दूर होत जाला, एकर प्रभाव कम होत जाला। एकरा बादो जदि रिक्टर स्केल पs 7 भा एकरा से जादे के तीव्रता वाला भूकंप बा तs आसपास के 40 किमी के दायरा में झटका तेज होला। लेकिन ई एहु बात पs निर्भर करेला कि भूकंपीय आवृत्ति ऊपर के तरफ भा दायरा में। जदि कंपन के आवृत्ति ऊपर के बा तs कम क्षेत्र प्रभावित होई।

कइसे मापल जाला भूकंप के तीव्रता आ का बा मापे के पैमाना?

भूंकप के जांच रिक्टर स्केल से होला। एकरा के रिक्टर मैग्नीट्यूड टेस्ट स्केल कहल जाला। रिक्टर स्केल पs भूकंप के 1 से 9 तक के आधार पs मापल जाला। भूकंप के एकरा केंद्र माने एपीसेंटर से मापल जाला। भूकंप के दौरान धरती के भीतर से जवन ऊर्जा निकलेला, ओकरा तीव्रता के एकरा से मापल जाला। एही तीव्रता से भूकंप के झटका के भयावहता के अंदाजा होला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]