[the_ad_group id="30365"]

फेडरर संगे बइठल रोए लगलें चिर-प्रतिद्वंदी नडाल, तस्वीरन में देखीं उनके आखिरी मैच के भावुक पल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया के सबसे महान टेनिस खिलाड़ियन में से एक रोजर फेडरर शुक्क के अपने करियर के आखिरी मैच खेललें। लेवर कप के एह मैच में उ राफेल नडाल के संगे जोड़ी बनवले रहने। हालांकि, दूनों दिग्गज मिल के भी ई मैच नाइ जीत पवलें। अमेरिका के फ्रांसेस टियाफो अउर जैक सॉक एह जोड़ी के 4-6, 7-6 (2), 11-9 के अंतर से हरवलें। एकरे साथ ही फेडरर भीजल आंख के संगे टेनिस के अलविदा कहलें। एह दौरान नोवाक जोकोविच अउरी राफेल नडाल भी आपन आंसू नाइ रोक पवलें।

रोजर फेडरर
रोजर फेडरर के उनके आखिरी मैच के बाद नोवाक जोकोविच सहित कई खिलाड़ी उनके कान्हे पर उठाके घुमवलें। फेडरर टेनिस के कई बड़ खिलाड़ियन खातिर प्रेरणा रहल बानें।
रोजर फेडरर

रोजर फेडरर मैच के बाद दर्शकन के अभिवादन स्वीकार कइलें। हालांकि, आखिरी मैच में हार दर्द उनके आंख में झलकत रहे। फेडरर के विरोधी खिलाड़ी भी एह मैच में बेहद भावुक रहलें अउरी उनके संन्यास से दुखी रहलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]