[the_ad_group id="30365"]

सिम कार्ड बेचे खातीर करे के होइ पुलिस वेरिफिकेशन, नियम नाहीं मनले पs 10 लाख के जुर्माना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

नया सिम कार्ड के लेके सरकार के ओर से नया दिशा-निर्देश जारी कईल गईल बा। सरकार के मुताबिक अभी तक 52 लाख मोबाइल कनेक्शन बंद हो चुकल बा, जबकि 67 हजार डीलर के ब्लैकलिस्ट कईल गईल बा। मई 2023 से सिम कार्ड डीलर के खिलाफ 300 प्राथमिकी दर्ज भईल बा। नकली सिम कार्ड रैकेट में शामिल करीब 66 हजार व्हाट्सएप अकाउंट के भी ब्लॉक क दिहल गईल बा।

सिम कार्ड जारी करे के लेके सरकार एगो नया फैसला लेले बिया। दूरसंचार मंत्री अश्विनी वैष्णव एगो बयान जारी क कहले बाड़न कि सिम कार्ड थोक में बेचे खातिर सिम डीलर के पुलिस सत्यापन अनिवार्य कर दिहल गइल बा। सरकार के ए कदम से फर्जी सिम कार्ड के बिक्री अवुरी एकही नाम चाहे आईडी पs कई गो सिम कार्ड के बिक्री बंद हो जाई। एकरा से स्पैमिंग भी कम हो सकेला।

नया गाइडलाइन के मुताबिक बिना पुलिस वेरिफिकेशन के सिम कार्ड बेचे पs 10 लाख तक के जुर्माना लगावल जाता। दूरसंचार मंत्री के मुताबिक देश में करीब 10 लाख सिम कार्ड डीलर बाड़े, जेकरा पुलिस वेरिफिकेशन करावे के होई। एकरा अलावे बिजनेस (दुकान) के केवाईसी भी करे के होई।

एके आधार कार्ड पs 658 सिम कार्ड चलत रहे

तमिलनाडु के साइबर क्राइम विंग एह हफ्ता एगो आदमी से एही आधार नंबर पs 100-150 सिम कार्ड बरामद कइले बा। पिछला चार महीना में तमिलनाडु के साइबर क्राइम विंग पूरा तमिलनाडु में धोखाधड़ी के शक में 25,135 सिम कार्ड के ब्लॉक क देले बा।

विजयवाड़ा के एगो अवुरी मामला में 658 सिम कार्ड एकही फोटो पहचान के संगे जारी भईल। सभे सिम कार्ड पोलुकोंडा नवीन के नाम पs रजिस्ट्रेशन भईल रहे, जवन कि मोबाइल दोकान अवुरी बाकी कियोस्क पs सिम बांटेले, जहां केहु के सिम कार्ड खरीदल जा सकता। पुलिस संबंधित दूरसंचार कंपनी के सभ सिम के ब्लॉक करे के आदेश देले बिया।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]