[the_ad_group id="30365"]

वर्कआउट के दौरान सिद्धांत सूर्यवंशी के भइल निधन, टीवी इंडस्ट्री में शोक के लहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेलीविजन जगत से एगो शॉकिंग खबर सोझे आइल बा। एक्टर सिद्धांत वीर सूर्यवंशी एह दुनिया के अलविदा कह दिहलें। जानकारी के मुताबिक, सिद्धांत के निधन वर्कआउट करत में भइल। अभिनेता महज 46 साल के रहलें अउर इंडस्ट्री में निम्मन काम करत रहनें। सिद्धांत वीर सूर्यवंशी के यूं अचानक गइल टीवी जगत खातिर हैरान क देवे वाली खबर बा। ई लमहर समय से एह इंडस्ट्री से जुड़ल बा अउर कई कलाकारन के साथ उनकर संबंध निम्मन रहल।

हार्ट अटैक से भइल निधन

जानकारी के मुताबिक, सिद्धांत जब बिहाने वर्कआउट करत रहने, तब्बे अचानक उनके हार्ट अटैक आइल रहल जेकरे बाद अभिनेता के अस्पताल ले जाइल गइल। इहां पर डॉक्टर के एगो टीम सिद्धांत के करीबन 45 मिनट ले इलाज कइल गइल अउर उनके बचावे के कोशिश कइल गइल। लेकिन डॉक्टर लोग उनके बचावे में नाकामयाब रहलें। एकरे बाद उनके मृत घोषित कs दिहल गइल। बता देईं कि 15 दिसंबर के आपन 47 वां जन्मदिन मनावे वाला रहनें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]