[the_ad_group id="30365"]

संतकबीरनगर में बोललें राकेश टिकैत, किसानन के बदनाम कs रहल बा भाजपा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाकियू के राष्ट्रीय प्रवक्ता राकेश टिकैत कहनें कि भाजपा के केंद्र सरकार जौन किसान आंदोलन के दौरान कइल गइल वादा से अब ओसे पीछे हट रहल बिया। ऊ कहनें कि भाजपा किसानन के बदनाम करे के कोशिश कर रहल बा। घनश्यामपुर गांव में पत्रकार वार्ता के दौरान ऊ कहनें कि किसानन के गन्ना के भुगतान नाइ हो रहल बा। एमएसपी पर न कौनो कमेटी गठित बा अउर न ही कौनो कानून पर अमल हो रहल बा।
ऊ कहनें कि 26 नवंबर के लखनऊ में किसान रैली के आयोजन कयले गइल बा। किसानन के रैली में भाग लेहले के अपील कइलें। ऊ कहनें कि किसानन के अन्न के कौनो भाव ही नाइ होखले से बड़ पूंजीपति सस्ता में खरीद के खूब मुनाफा कमा रहल बानें। किसान ठगल जा रहल बानें। सरकार चाहsतीया कि खेती से लोग हटें अउर मोग भंग होखे। अपने मकसद में सरकार कामयाब भी हो रहल बिया।

एह मौका पर जिलाध्यक्ष पंडित जनार्दन मिश्र, राष्ट्रीय महासचिव राजवीर सिंह जादौन, युवा प्रदेश अध्यक्ष अनुज सिंह, इंद्रेश कुमार, रमाशंकर यादव, कर्म हुसेन मंसूरी, श्रवण कुमार पांडेय, अशोक मिश्र आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]