[the_ad_group id="30365"]

अल्पमत में अइले के बाद श्रीलंका में राष्ट्रपति वापस लेहनें आपातकाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भीषण आर्थिक संकट के सामना कs रहल श्रीलंका में राजनीतिक संकट गहिरा गइल बा। मंगलवार के सत्तारूढ़ गठबंधन के दर्जनों सांसद अपने सरकार के साथ छोड़ देहनें सब। सोमवार के नियुक्त कइल गइल नवका वित्त मंत्री अली साबरी 24 घंटा के भीतर इस्तीफा दे देहनें। सरकार के अल्पमत में अइले के बाद राष्ट्रपति गोटाबाया राजपक्षे शुक्रवार से देश में लागू आपातकाल के मंगलवार मध्यरात्रि से हटवले के घोषणा कइने।

बहुमत साबित करे वाली पार्टी के मिली सत्ता

गोटाबाया एलान कइले बानें कि ऊ इस्तीफा नाइ दीहें अउर संसद में बहुमत साबित करे वाली कौनी पार्टी के सत्ता सौंपे खातिर तैयार बानें। मानल जा रहल बा कि राष्ट्रपति अपने बड़ भाई महिंदा राजपक्षे के स्थान पर कौनो नया प्रधानमंत्री नियुक्त कs सकतने चाहे मध्यावधि चुनाव करा सकतने। उहवाँ आम चुनाव 2025 में निर्धारित बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]