- बिहार: सीवान AK 47 फ़ायरिंग केस में शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा समेत आठ पs FIR। सीवान AK 47 फायरिंग केस में शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा समेत आठ पs FIR – खबर भोजपुरी (khabarbhojpuri.com)
- बिहार: छपरा आ गोपलगंज के जेल में फजीरे-फजीरे छापेमारी, डीएम एसपी के नृतेत्व में चलल छापेमारी।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी आदित्यनाथ बनवले 100 दिन के एक्शन प्लान, योजनन के 10 सेक्टर में बांट के होई काम।
- उत्तर प्रदेश: आईआईटी बीएचयू के सहजोग से प्रदेश के 60 गो नदियन के होई पुनरुद्वार, खाका भइल तइयार।
- झारखंड: खूंटी विधायक नीलकंठ सिंह के गांव में पार्सल बम फाटल, जुवक के उड़ल हथेली। माओवादीयन के बंद आज।
- रूस-यूक्रेन युद्ध: पुतिन के बेटियन पs प्रतिबंध लगावे के तइयारी में EU, अमेरिका बोलल- रूस से युद्ध कइल हमनी के हित में नइखे।
- श्रीलंका: राष्ट्रपति गोटबेया 5 दिन बाद आधा रात के इमरजेंसी हटवले, तंगी के वजे से 2 देसन (नार्वे आ इराक) में दूतावास बन भइल। चाउर 100 % ले महंगा।
- बीजेपी: स्थापना दिवस आज, पीएम मोदी कार्यकर्ता लोगन के वर्चुअली संबोधित करिहे।
- एक्शन: भारत में 22 यूट्यूब चैनल ब्लॉक, एमे चार पाकिस्तान के, पहिला बेर देस के 18 यूट्यूब चैनलन पs बैन। https://khabarbhojpuri.com/22-youtube-channal-baned/
- आईपीएल: बंगलोर राजस्थान के हरवलस, आज मुंबई के सामना कोलकाता से।
MORNING UPDATES: भोर के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।