[the_ad_group id="30365"]

Ravindra Berde Passed Away: फिल्म इंडस्ट्री से आइल बुरा खबर, एह अभिनेता के भइल निधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रविन्द्र बेर्डे के निधन : फिल्म इंडस्ट्री से बहुत बुरा खबर आ रहल बा, मराठी के दिग्गज अभिनेता अब हमनी के संगे नईखन। अभिनेता रविन्द्र बेर्डे के निधन हो गइल बा, उनुकर उमिर 78 साल रहे। रविंद्र बेर्डे बहुत दिन से बेमार रहले, एही से अब उ एह दुनिया से हमेशा खातिर अलविदा कह देले बाड़े। अभिनेता होखे के अलावे रविंद्र बेर्डे के एगो अवुरी पहचान इ बा कि उ लक्ष्मीकांत बेर्डे के भाई रहले।

अभिनेता बेर्डे कैंसर जइसन जानलेवा बेमारी के चलते निधन हो गइल बा। उ बहुत दिन से ए बेमारी से पीड़ित रहले अवुरी टाटा अस्पताल में इलाज चलत रहले। अभी दु दिन पहिले उनुका के अस्पताल से घरे ले आवल गईल रहे। इहाँ उनुका दिल के दौरा पड़ल अवुरी उनुकर मौत हो गईल। अभिनेता रविन्द्र बेर्डे के निधन के बाद मराठी फिल्म इंडस्ट्री शोक में बा। रविन्द्र बेर्डे अपना पीछे पत्नी, दु बच्चा, पतोह अवुरी पोता-पोती छोड़ गईल बाड़े। कई गो सेलेब्स उनुका निधन पs शोक जतवले बाड़े।

रविन्द्र बेर्डे 300 से अधिका फिलिमन में काम कइले बाड़न

अगर रविन्द्र बेर्डे के काम के बात कइल जाव तs ऊ आपन अभिनय करियर के दौरान 300 से अधिका फिलिमन में काम कs चुकल बाड़न। महज 20 साल के उमिर में ऊ रंगमंच में ज्वाइन कइले। मराठी फिल्म के अलावा हिंदी फिल्म में भी इनकर महत्वपूर्ण योगदान बा।

रविन्द्र बेर्डे के जोड़ी अशोक सराफ, विजय चव्हाण, महेश कोठारे, विजू खोटे, सुधीर जोशी आ भरत जाधव के साथे सिल्वर परदा पs बहुते सराहल गइल। कई तरह के पात्र वाला लोग के दिल में उहाँ के एगो खास जगह बनवले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]