[the_ad_group id="30365"]

हैदराबाद के दिल दहला देवे वाला घटना, आवारा कुकुर कुल 6 साल के लडिका के नोच-नोचके मार दिहलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हैदराबाद से एगो दिल दहला देवे वाला घटना सोझा आईल बा। संगारेड्डी जिला के पाटनचेरु में आवारा कुकुर कुल एगो छह साल के लड़िका पs हमला कs के ओकरा के मार के हत्या कs दिहले. बच्चा एगो डंप यार्ड के नजदीक शौच करत रहे, एही बीच कुकुर ओकरा पs हमला कs देले। बच्चा के माता-पिता बिहार के निवासी हवे अवुरी दुनो मजदूर हवे। बच्चा के नाम विशाल बा। बता दीं कि अबे कुछ दिन पहिले हैदराबाद के मणिकोंडा में एगो औरत पs कुकुरन के झुंड हमला कs दिहलस जब ऊ मॉर्निंग वॉक करे निकलल रहुवे.

12 महीना में 11 लोग के कुकुर मार दिहलस

हाल के समय में तेलंगाना में आवारा कुकुरन के हमला के घटना बढ़ रहल बा.पिछला बारह महीना में कुकुरन के हमला में नाहियो तs 11 लोग के मौत हो चुकल बा. पाटनचेरु इंस्पेक्टर प्रवीण रेड्डी एगो समाचार एजेंसी से बतवले कि, “3-4 कुकुरन के झुंड 6 साल के लईका विशाल पs हमला कs ओकर गर्दन काट लेलस। ओकरा शरीर के बाकी हिस्सा पs भी गंभीर चोट आईल।” पुलिस सीआरपीसी के धारा 174 (संदिग्ध मौत) के तहत मामला दर्ज कईले बिया।

स्कूल में एडमिशन लेवे वाला रहले, बाकिर कुकुर मार दिहलस

ई हमला इस्नापुर के एगो निर्माण स्थल के लगे कुकुरन के झुंड कइले बा जहाँ विशाल के माता-पिता काम करेलें. उs अकेले रहले जब सबेरे साढ़े छह बजे के आसपास आवारा कुकुरन उनुका पs हमला कईले। जब तक ओकर माई-बाबूजी मौका पs पहुंचले तब तक विशाल मर गईल रहे। माता-पिता बतवले कि लईका विशाल के स्कूल में भर्ती होखे वाला रहे, उs स्कूल जाए से बहुत खुश रहे। बाकिर के जानत रहे कि ऊ अइसहीं मर जइहें.

पुलिस के कहनाम बा कि लईका के माता-पिता बिहार से हैदराबाद आईल रहले अवुरी एगो निर्माण स्थल पs काम करत रहले, जहां ओ लोग के रहे के इंतजाम कईल गईल। विशाल एगो मजदूर जोड़ी के छोट बेटा रहले, दुनो के एगो अवुरी बेटा बा। उनकर एडमिशन भी स्कूल में करे के रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]