लद्दाख में दर्दनाक हादसा, नदी में टैंकन के संगे अभ्यास करत रहे लो सेना के जवान, जलस्तर बढ़ल, 5 जवानन के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 29, 2024

लद्दाख के दौलत बेग ओल्डी इलाका में टैंकन के संगे अभ्यास के दौरान नदी के जलस्तर बढ़ गइल। एह दौरान सेना के पांच जवानन के मौत हो गइल। रक्षा अधिकारी बतवलें कि सुक के लद्दाख

Share

लद्दाख के दौलत बेग ओल्डी इलाका में टैंकन के संगे अभ्यास के दौरान नदी के जलस्तर बढ़ गइल। एह दौरान सेना के पांच जवानन के मौत हो गइल। रक्षा अधिकारी बतवलें कि सुक के लद्दाख में टैंक के नदी पार करावल जा रहल बा। ई रूटीन एक्सरसाइज रहे। एह बीच अचानक नदी में सैलाब आ गइल आ सेना के पांच जवानन के मौत हो गइल। एह हादसा में कुछ जवानन के घायल होखे के सूचना बा।


सेना के अधिकारियन के मोताबिक सेना के जवान टैंकन के संगे अभ्यास करत रहे लो। दौलत बेग ओल्डी इलाका में नदी पार करत समय अचानक से जलस्तर बढ़ गइल। जलस्तर बढ़ला से टैंक पानी के भीतर फंस गइल। एह हादसा में पांच जवानन के जान जाये के खबर बा। ओहिजा, कइयन जवानन घायल बतावल जा रहल बा।

नदी में बहल लो 5 जवान

रक्षा अधिकारियन के एगो बयान के मोताबिक, सुक के लद्दाख में अचानक आइल बाढ़ में सेना के पांच जवान बह गइल लो। ई घटना वास्तविक नियंत्रण रेखा (एलओसी) के लगे दौलत बेग ओल्डी क्षेत्र में टैंक अभ्यास के दौरान भइल, जब नदी पार करत घरी पानी के स्तर अचानक बढ़ गइल रहे।

लद्दाख में पिछिलो साल भइल रहे दर्दनाक हादसा

लद्दाख में पिछिलो साल एगो दर्दनाक हादसा भइल रहे । जब सेना के एगो गाड़ी 60 फीट खाई में गिर गइल रहे। एह हादसा में नव जवानन के मौत हो गइल रहे। सेना के काफिला में पांच गाड़ी सामिल भइल रहे। जेमे 34 जवान सवार रहे लो। एह हादसा में एगो जवान घायलो भइल रहे। दरअसल, वाहन के ड्राइवर ने गाड़ी पs कंट्रोल खो देले रहे लो। जवना से ट्रक खाई में जाके गिरल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.