[the_ad_group id="30365"]

Share Market Opening : खुलतही सरपट भागल बाजार, निफ्टी 18 हजार के करीब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय शेयर बाजार (Share Market) मंगर सबेरे एक बेर फेर बढ़त के संगे कारोबार के सुरुआत कइलस आ निवेशकन के पॉजिटिव सेंटिमेंट के वजह से खुलतही खरीदारी सुरू हो गइल। सेंसेक्‍स पिछला सत्र में दबाव में रहे, बाकिर आज ग्‍लोबल मार्केट के संकेतन के बूते निवेशक लोग जमके खरीदारी कइल। निफ्टी एक बेर फेर 18 हजार के करीब पहुंच गइल बा।

सेंसेक्‍स आज सबेरे 49 अंकन के बढ़त के संगे 60,142 पs खुलल आ कारोबार सुरू कइलस, जबकि निफ्टी 28 अंक चढ़कके 17,923 पs खुलल आ ट्रेडिंग के सुरुआत भइल। निवशक लोग बिहने के गिरावट के पीछे छोड़के आज खरीदारी पs जोर दिहल आ बाजार पs भरोसा जतावल। लगातार निवेश से सबेरे 9.40 बजे सेंसेक्‍स 288 अंकन के बढ़त के संगे 60,381 पs पहुंच गइल जबकि निफ्टी 70 अंक चढ़के 17,965 पs कारोबार करे लागल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]