[the_ad_group id="30365"]

स्टॉक मार्केट में लगावल चाहत बानी तs पईसा तs पहिलही जान लीं का हs प्राइमरी आ सेकेंडरी मार्केट?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रउआ अक्सर प्राइमरी आ सेकेंडरी शेयर बाजार के बारे में सुनते होखेम। का रउआ जानत बानी एकर मतलब का होला? दुनों में का अंतर बा? दरअसल, शेयर मार्केट दु तरे के होला। पहिला प्राइमरी मार्केट आ दूसरका सेकेंडरी मार्केट। आईं एह लेख के माध्यम से एह दुनो बाजान के बारे में जानल जाव।

प्राइमरी शेयर बाजार

दरअसल, जब कवनो कंपनी पहिला बेर स्टॉक एक्सचेंज के माध्यम से आपन कुछ हिस्सेदारी बेचके निवेशकन से रकम जुटावेला तs ओकरा IPO पेश करे के पड़ेंला। एकरा के प्राइमरी मार्केट कहल जाला। एकरा खातिर कंपनियन के इहां रजिस्ट्रेशन करावे के होला। जवना के बाद शेयर आम जनता के किने खातिर उपलब्ध हो जाला। स्टॉक एक्सचेंज (BSE, NSE आदि) पs लिस्ट होके कंपनियन द्वारा प्राइमरी मार्केट के माध्यम से निवेशकन तक पहुंच बनावल जाला। हालांकि, जदि कवनो कंपनी IPO ले आवल चाहत बिया तs ओकरा आपन फांनेशियल, प्रमोटर, कारोबार, शेयरन के संख्या, ओकर प्राइस आदि के बारे में जानकारी देवे के होला।

सेकेंडरी शेयर मार्केट

ओहिजा, सेकेंडरी शेयर मार्केट में कवनो लिस्टेड कंपनी के शेयरन के खरीद-बिक्री होला। एह मार्केट में कवनो व्यक्ति के लगे मवजूद शेयर मार्केट भाव पs कवनो दोसर व्यक्ति रियल टाइम में किनेला। दरअसल, ई किना-बेंची कवनो ब्रोकर के माध्यम से होला। सेकेंडरी शेयर मार्केट के माध्यम से कवनो इन्वेस्टर के ई सुविधा मिल पावेला कि ऊ आपन शेयर कवनो आउर व्यक्ति के बेचके मार्केट से बाहर निकल सकत बा।

रउआ मान ली, कि जदि कवनो कंपनी के शेयर के भाव अभी 250 रुपिया बा। कवनो व्यक्ति एह शेयरन के मवजूदा बाजार भाव पs किनल चाहत बा तs आ ओह समय कवनो व्यक्ति एह शेयरन के मवजूदा भाव पs बेचहूं के चाहता होई। ओहिजा, ब्रोकर किने वाला खातिर बाय आर्डर देके आ पईसा देके ओह इन्वेस्टर खातिर एकरा के किन लेला। एह तरे एगो नया इन्वेस्टर ओह कंपनी में हिस्सेदार बन जाला। शेयर बाजार कंपनियन खातिर फंड जुटावे के माध्यम हs। इन्वेस्टर शेयर बाजार के माध्यम से कवनो सूचीबद्ध कंपनी में हिस्सेदारी ले सकत बा। ऊ कंपनी के कारोबार बढ़ला के संगे अपना इन्वेस्टमेंट के राशी के बढ़ाइयो सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]