Share Market Alert: हफ्ता के पहिला करोबारी दिन शेयर बाजार में हरियाली; सेंसेक्स लगवलस छलांग, निफ्टियो उछलल

Anurag Ranjan
शेयर बाजार

बिजनेस डेस्क: हफ्ता के पहिला कारोबारी दिन शेयर बाजार के सुरुआत हरियर निशान पs भइल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 386.95 अंक चढ़के 80,888.94 अंक पs पहुंचल, जबकि निफ्टी 114.05 अंक बढ़के 24,460.75 अंक पs पहुंच गइल। सकरात्मक रुख निवेशकन के चेहरा पs मुस्कुराहट ले आ देलस। अइसही सुरुआती कारोबार में अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया 19 पईसा बढ़के 84.38 पs पहुंच गइल।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

एनएसई के टॉप गेनर्स और टॉप लूजर्स शेयर

सुरुआती कारोबार में बाजार में तेजी आइल

बिदेसी फंडन के निरंतर प्रवाह, कच्चा तेल के कीमतन में भारी गिरावट आ अमेरिकी बाजारन में मजबूत रुझानन के बीच सोमार के सुरुआती कारोबार में इक्विटी बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी में तेजी दर्ज कइल गइल। 30 शेयरन वाला बीएसई बेंचमार्क सूचकांक सुरुआती कारोबार में 386.95 अंक चढ़के 80,888.94 पs पहुंच गइल। एनएसई निफ्टी 114.05 अंक बढ़के 24,460.75 पs पहुंच गइल।

केकरा फायदा-केकरा नुकसान?

सेंसेक्स के कंपनियन में अदाणी पोर्ट्स, एशियन पेंट्स, बजाज फिनसर्व, टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज, इंफोसिस, एचडीएफसी बैंक, पावर ग्रिड, एचसीएल टेक, टाइटन आ टाटा मोटर्स फायदा में दिखाई देलस। कोटक महिंद्रा बैंक में करीब 6 फीसदी के गिरावट आइल, काहेकि कंपनी वित्त वर्ष 25 के मार्च तिमाही खातिर समेकित सुद्ध लाभ में 7.57 फीसदी के गिरावट दर्ज कइल। ई 4,933 करोड़ रुपिया बतावल गइल। 30 शेयरन वाला एह पैक में भारतीय स्टेट बैंक, लार्सन एंड टुब्रो, एनटीपीसी आ नेस्ले पिछड़त दिखल। भारतीय स्टेट बैंक में करीब 2 फीसदी के गिरावट दर्ज कइल गइल, काहेकि जनवरी-मार्च तिमाही खातिर समेकित सुद्ध लाभ में 8.34 फीसदी के गिरावट दर्ज कइल गइल।

बिदेसी संस्थागत निवेशकन के हाल

एक्सचेंज के आंकड़न के अनुसार, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) सुक के 2,769.81 करोड़ रुपिया के शेयर किनल लो। बिदेसी निवेशक अप्रिल में देस के इक्विटी बाजार में 4,223 करोड़ रुपिया डालल लो। एकरा पहिले मार्च में 3,973 करोड़, फरवरी में 34,574 करोड़ आ जनवरी में 78,027 करोड़ रुपिया के लगातार सुद्ध निकासी के बाद पिछला महीना बिदेशी पूंजी के प्रवाह भइल।

एशियाई आ अमेरिकी बाजार के हाल

एशियाई बाजार में दक्षिण कोरिया के कोस्पी इंडेक्स सकारात्मक रुख के साथ कारोबार करत रहे। जापान, चीन आ हांगकांग के बाजार छुट्टियन के कारण बंद रहे। सुक के अमेरिकी बाजार बहुते ऊपर बंद भइल रहे।

Read Also: छोटकी पलिया में विधायक निधि से बनल सीसी सड़क के लोकार्पण, विकास के मिलल गति

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment